घेट रेट के हत्या करेवाला व्यक्ति लोग के बारा पुलीस कईलक सार्वजनिक

548

प्रभु यादव/कलेया, १३ कत्तिक ।

बारा जिल्ला पुलीस कार्तिक १० गते नन्दलाल राउत कुर्मि के हत्या मे पकडल चार जने के सर्वजनिक कईले बा । कलेया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर २३ कोईरीयाटोला के ४५ वरसीय बिरेन्द्र पटेल कहेवाला बिरेन्द्रलाल जैस्वार अा उनकर बेटा १९ वरसीय विशाल पटेल, बाबू बैजनाथ राउत अउर अमृतगज ९ के जोधा कहेवाला रामअयोध्या दास तत्मा के पकड के अनुसन्धान कइल जारहल प्रहरी उपरिक्षक सानुराम भट्टराई जनकारी देहले बानी ।

मुख्य योजनाकार अा हत्यारा मे बिरेन्द्रलाल प्रसाद जैस्वार अा रामअयोध्या दास तत्मा रहल भट्टराई जनकारी देहले बानी । बिरेन्द्र पटेल के बाबू अा वेटा हत्या के मतियार रहल पत्रकार समेलन मे उपरिक्षक भट्टराई जनकारी देहनी । कार्तिक १० गते के दिन कलेया उपमहानगरपालिका २३ कोईरीयाटोला मे हि गाई भैंसी बाधेवाला घारी घरमे रात के ८ बजे के समय मे अन्जान लोग ६५ वरसीय नन्दलाल राउत कुर्मि के चोख हतियार से घेट काट के हत्या कर के लपता भईल रहे उपरिक्षक भट्टराई बतावले बानी ।

भईल घटना के अनुसन्धान मे तालीम प्राप्त कुता के लेया के कईल गईल भट्टराई जनकारी देहनी । मृतक नन्दलाल राउत कुर्मि जेठ अा अम्वीका राउत कुर्मि छोट भाइ रहल उपरिक्षक जनकारी देहनी । मृतक पटेल के कवनो सन्तान ना रहल माकिर उनकर भाइ अम्वीका राउत कुर्मि के एक बेटा अा तीन पोती रहल जवना मे बेटा १० / १२ वरीस पहिलेही घर से निकलल बा जवना के पता नारहल जनकारी पत्रकार समेलन मे देहल गइल बा ।

मृतक पटेल दुनु भाइ एका घर मे रहल बाडन उनकरा जमिन जजात बहुते रहल बा सुखि परिवार रहल समेलन मे जनकारी करावल गईल । मृतक घारीघर रहल जगह के नजीके तरकारी खेत मे बेसी समय बितावत रहलन जनकारी करावल गइल बा । मृतक पटेल के जमिन सब सडक के नजिक रहल अा मुल्यावान भईल माकिर बेटा ना भइला से विरेन्द्रलाल जैस्वार अापन बेटा के अम्वीका के जेठकि पोती से विवाह कराके सम्पति लेवेवाला प्रयास कईले रहलन माकिर अापन प‍ती के नजदिक मे शादी करे से इनकार भइला पर रिसवी मे हत्या कईल गइल अनरोप रहल उपरीक्षक भट्टराई जनकारी देहनी ।

मृतक के २ विगहा जमिन मे सरकारी अनुदान मे पोखरा खनावल गईल बा जवना मे विरेन्द्रलाल जैस्वार के पैरवी रहल रहे हिस्दारी ना राख के काम कइल बनिहारी देवे के काम पटेल कइले रहलन जवना के रिसवी रहल पुलीस जनकारी देहले बा ।

पकडाईल लोग के बारा जिल्ला अदालत से कर्तव्य ज्यान मुद्दा मे म्याद थामा के अनुसन्धान कइल जारहल बा अउर दोषि रहल भागल लोग के खोजी विन कइल जारहल प्रहरी उपरिक्षक भट्टराई पत्रकार समेलन मे जनकारी करावले बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here