चंद्रपुर नगरपालिका फर्नीचर उधोग मे आगलागी, धनमाल के क्षति आग अभी भी नियन्त्रण से बाहर

92
चंद्रपूर नगरपालिका : फर्नीचर उधोग मे लागल आग के नियन्त्रण करे के अथक प्रयास मे जुटल सुरक्षाकर्मी आ स्थानीय

संतोष तिमलीसीना

चंद्रनिगाहपुर, १४ चईत

चंद्रपुर नगरपालिका वाड न. ६ मे रहल राहुल हार्डवेयर एण्ड फर्नीचर उधोग मे लागल आग नियंत्रण मे नईखे आसकल ।बुध के सबेरे साढ़े पाच बजे के समय मे लगल आग यी समाचार प्राप्त भईल समय तक नियन्त्रण ना भईल रहल ।

दोकान मे लागल आग नियन्त्रण करे खातिर चंद्रपुर नगरपालिका गौर नगरपालिका आ सर्लाही हरिओन नगरपालिका तीनु जगह के बरुण यंत्र आग मुझावे के कोशिस कईला के बावजूद भी आग नियन्त्रण ना हो रहल बा ।

आगलगी भईल स्थान मे नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी, नेपाली सेना आ बहुते संख्या मे स्थानीय लोग के आग मुझावे के अथक प्रयास से भी आग के काबू करे मे बिफलता मिल रहल अइसन खबर बा ।

आगलगी भईल घर मे फर्नीचर बनावे खातिर प्लाई राखल रहे आ प्लाई के आग नियन्त्रण मे ना अईला के कारण डोजर लगा के घर भसकावे के तैयारी भईल बा ।

चंद्र्निगाहपुर बाजार मे सारा घर एक दोसरा से सटल भईला के कारण बाकी घर मे भी आग फ़ैली कह के घरे भसकावे के तैयारी भईल बा ।

चंद्रपूर नगरपालिका : फर्नीचर उधोग मे भईल आगलागी के दृश्य
advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here