चरस आ नाइट्राभेट ट्याब्लेट सहित वीरगंज मे तीन जने प्रहरी के गिरफ्त मे

510

वीरगंज-२९, पुष ।

वीरगंज मे लागू औषध सहित तीन जने पकड़ाईल बाड़े । वीरगंज महानगरपालिका १६ वाड शंकराचार्य गेट के नियरे प्रहरी चेक जांच के तहत भारत मोतीहारी के २१ बरिस के सहदेव पंडित आ पर्सा कालिकमाई गांवपालिका के १९ बरिस के अकीलेश साह कानू चरस सहित पकड़ाइल बा लोग ।

वीरगंज से रक्सौल भारत के तरफ जा रहल तीनों जने के प्रहरी चौकी इनरवा से चेक जांच खातिर खटल प्रहरी खनतालसी कईला पर ५ किलो चरस सहित पकड़ाईल लोग ।

ओइसे ही वीरगंज महानगरपालिका के रजतजयन्ती चौक पर खानतलासी कईला पर दोसार एक जाने लागू औषध सहित पकड़ईले । वीरगंज महानगरपालिका वाड नम्बर १६ नागवा के गोविन्द बहादुर श्रेष्ठ १६५ पीस नाईट्राभेट  ट्याब्लेट सहित पकड़ईले ।

पकड़ाईल तीनों जने के लागू औषध शीर्षक मे मुद्दा दर्ता कर के आगा के अनुसन्धान हो रहल पर्सा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here