“चार दिन के चाँदनी फेर अनहरिया रात” वीरगंज सीरिसिया नदी फेर से प्रदूषित

    347

    वीरगंज, २४ कार्तिक ।

    साल भर प्रदूषित पानी बहेवाला सीरिसिया नदी हर साल के जईसे यी साल भी छठ परब बनावे लाय उधोग के प्रदूषित पानी नदी मे ना छोड़े के माना कईल गईल रहे । छठ के चार दिन पहिले से सफा आ स्वच्छ पानी बह रहल सीरिसिया नादी मे फेरु प्रदूषित पानी बहे के शुरू भईल बा ।

    वीरगंज प्रहरी नदी प्रदूषित करे के आरोप मे बितल दु हप्ता पहिले पर्सा आ बारा उधोगिक कॉरीडोर डोर से हिमालयन लेदर उधोग के ब्यावस्थापक लिउता छुवाङ आ तीनजुङ्ग गुरुङ के हिरासत मे लेहले रहे जे लोग के न्यूनतम धरौटी पर छोडले गईल रहे ।

    दुनु जने के नियंत्रण मे लेहला के बाद औधोंगिक कारीडोर के दोसर उघोग सीरिसिया नदी मे प्रदूषित पानी फेंकल बन्द क देहले रहे लोग । अभी प्रहरी प्रशासन अनुगमन कईल बन्द कईला के बाद उधोगी लोग के मन बढ़ गईल बा ।

    सीरिसिया नदी बचावे के अभियान के संयोजक अधिवक्ता सुरेन्द्र कुर्मी आ प्रहरी प्रशासन नदी के प्रदूषित करेवाला ज़िम्मेवार लोगन के करवाही करे के बात कहले लोग माकिर अभी ले ब्यावहारिक हिसाब से करवाही नईखे करे सके गईल बतवले । हमनी बेर बेर दबाव देहला पर भी नदी के अवस्था जईसन के तईसन रहला से अब राजनीतिक दल के जिल्ला के नेता लोग के सर्वपक्षीय बैठक बोला के बात करे के बतावले । हमनी जुलूस निकाल सकत बानी धर्ना दे सकत बानी, नैतिक दबाव बना सकत बानी कुर्मी कहले माकिर लाठी ले के उधोग नईखी बन्द करा सकत, न्याय खातिर न्यायपालिका से ले के नैतिक दबाव बनावे तक के काम हमनी कर सकतबानी ।

    प्र जि अ नारायण भट्टराई बियफे के दिने वीरगंज उधोग वाणिज्य संघ के उधोगी लोग के संघे बैठक क के नदी के प्रदूषित करेवाला उधोगी लोग के उधोग से निकलेवाला प्रदूषित पानी आ दोसर अवशेष नदी मे ना फेंके के आ जल्दी से जल्दी वाटर ट्रीटमेंट प्लान्ट राख़ के निर्देशन देहले रहले । उ कहले वीरगंज उधोग वाणिज्य संघ के अध्यक्ष ५ दिन के समय मंगले रहले हम ५ दिन ना १० से १५ दिन लि माकिर समय रहते उधोगी लोग आपन गलती ना सुधारी हमनी कडा रूप मे आगा आएम बतवले । कुछ दिन के बाद फेरु अनुगमन होई आ दोषी उधोगी के पकड़ के करवाही के दायरा मे लियावल जाई चेतावनी देहले ।

    बारा के सिमरा से ले के वीरगंज के नेपाल भारत सिवान तक करीब २५ किलो मीटर लाम रहल सीरिसिया नदी के उद्गमस्थल से २ किलो मीटर के बाद से ही दूषित होखत आवे ला सीरिसिया नदी ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here