चीन से वापिस आवेवला नेपाली के संसद भवन मे रखे के सांसद यादव के प्रस्ताव

    474

    काठमाण्डू, २१ माघ ।

    समाजवादी पार्टी के सांसद प्रदीप यादव चीन से उद्दार क के वापिस नेपाल लियावाल जाए वाला नेपाली जनता के राखे खातिर जदी उचित जगह नइखे मिलत त संसद भवन खाली करे के प्रस्ताव कइले बाड़े ।

    आजू बइठल प्रतिनिधिसभा के बइठक मे सांसद यादव पाँच दिन से लगातार जगह खोजाता माकिर चीन से वापिस आवे वाला नेपाली लोग खातीर अभी ले जगह ना मिले सकल यी बहुत दुख के बात बा सांसद यादव क़हत, संसद भवन ही खाली करे के प्रस्ताव कइले बाड़े ।

    चीन से वापिस आवे वाला नेपाली के काहा राखल जाइ ? सरकार पाँच दिन से लगातार जगह खोज रहल बा पर अभी ले जगह नइखे मिले सकल । की हमनी संसद भवन ही खाली क दी सन सभमुख महोदय ? संसद यादव प्रश्न कइले ।

    संसद भवन खाली क के बाहर तिरपाल टांग के संसद चलावे के सांसद यादव मांग कइले ।

    संसद भवन मे ना होई त हयात होटल जवन जमीन रखले बा ओकरा के खाली करावे के मांग सांसद यादव कइले । ३० हजार रोपनी जमीन जवन हयात होटल कब्जा कइले बा ओकरा के खाली करा के राखल जाव ।

    सांसद यादव चीन मे रहल नेपाली के लियावे खातिर नेपाल से जहाज कहिया उडी क़हत प्रश्न भी कइले ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here