चीन से १९ टन स्वस्थ्य सामाग्री सेनाद्वारा नेपाल लियावल गईल ।

250
NEPALCORONA update
NEPALCORONA update

काठमाण्डू, ६ जेठ ।

नेपाली सेना चीन से खरीद कईल स्वस्थ्य सामाग्रीमे से १८.८४ टन सामाग्री नेपाल लियाइल बा । नेपाल एयरलाइंसके वाइडबड़ी हावाईजहाज मार्फत सेना मंगरके दिने सबेरे स्वास्थ्य सामाग्री ले के आइल । जंगीआड्डा श्रोतके हिसाब से पीसीआर परीक्षण खातिर किट, पर्सनल प्रोटेक्टिभ ईक्विपमेंट (PPE), एन ९५ मास्क, ग्लोब्स समेतके सामान यी चरणमे आइल बा ।

एकरा से से पहिले पहिलका चरणमे चीनके ग्वांझाओ से २२, २४, आ २५ बैशाख मे काठमाण्डू से गईल सेनाके कन्टेनर मार्फत ९ टन स्वास्थ्य सामाग्री काठमाण्डू लियाइल रहे । ओमनी बीजनेश कार्पोरेशन इंटेरनेशनल से भइल सम्झौता बिवादित भइलाके बाद सारकर ओकराके रद्द करत स्वास्थ्य सामाग्री खरीद करेके जिम्मा सेनाके देहल रहे । पर सेना भी बहुत लामा समय तक स्वास्थ्य सामाग्री लियावेमे सफल ना भाइल रहे । जंगीआड्डा पहिलका चारणमे हावाई मार्ग से ३७ टन स्वस्थ्य सामाग्री लियावेके बतवले रहे मने भन्सारके प्रक्रिया आ चीनमे सरकारी छुट्टी भइलाके कारण समय पर समान ना लियावे सकल बतवले रहे ।

सेना बैशाखके पहिलका हप्ता सरकार-सरकार (जीटूजी) प्रक्रिया से स्वस्थ्य सामाग्री खरीद खातिर २ अर्ब २५ करोड़ से बहुति रोपेया बराबरके सम्झौता चिनिया बणिज्य मन्त्रालय से कईले रहे । सम्झौताके हिसाब से ४२ टन स्वस्थ्य सामाग्री खरीद खातिर सेना रकम दे देहले बा आ चीनके ग्वांझाओमे स्वास्थ्य सामाग्री जम्मा भी कईल जा रहल बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here