चुनाव से कबो वाड अध्यक्ष मे जीते ना सकल अर्थमन्त्री सांसदलोग के आपमान कईले : सांसद यादव

267

काठमाण्डू, १८ जेठ ।

संघीय सरकार के लियावल नीति आ कार्जक्रम के संघीय समाजबादी फोरम नेपाल के प्रतिनिधि सभा सदस्य (सांसद) प्रदीप यादव कडा आलोचना कईले बाड़े ।

सुक के दिने ब्यावस्थापिका सांसदमे बोलत सासंद यादव अर्थमन्त्री डा. युवराज खतीवड़ा जनता के प्रतिनिधि ना हउवन क़हत कटाक्ष कईले बाड़े । हमनी जनता से निर्वाचित सांसद हई “टीके प्रथा” से नईखी आइल ना कोई के आशीर्वाद से सांसद भईल बानी फोरम सांसद प्रदीप यादव बजेट ऊपर हो रहल बतकही मे भाग लेते कहले । “ अर्थमन्त्री वाडाध्यक्ष समेत तक मे अभी ले नईखन जितल । ओहि से उ हमनी के अपनाम कर रहल बाड़े ।

सांसद बिकास कोश के अंतर्गत चार करोड़ रोपेया बजेट बिनियोजन कर के सांसद लोग के दान दहल जईसन कईले क़हत उ आपन असंतुष्टि देखवले । अपने जनता के प्रतिनिधि ना हई । जनता के प्रतिनिधि होती त अइसन अपमान करे के हिम्मत काबों ना होइत उ कहले ।

उ पैसा अपने ही राखी जथी जथी बनावे के बा बनाई यादव खिसियाते कहले बच्चा रोवला पर ओकरा के ललिपाप दे खे भूलियावे के कोशिष कईनी ह । पैसा हमनी के ना चाही । हमरा त ना चाही, ना चाही, ना चाही ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here