चुरे से बहेवाल नदि के जलसतह बढेवाला भईला से सर्तक रहेला मौसमविद् के निहोरा

    205

    काठमाडुं, ८ सावन

    आजु आ भीयान बियफे के देशभर पूर्ण बदली आ अधिकतर जगह में भारी वषार्त होखेके सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।

    मनसुनी न्यूनचापीय रेखा नेपाल के दक्षिण के ओर अवस्थित रहल आ बङ्गाल के खाडी से आईला से जलवाष्पयुक्त हावा आ स्थानीय वायू के असर के कारण पूरुव आ मध्य आ पश्चिम के कुछ जगह में भारी वर्षात सम्भावना रहल मौसमविद् राजु प्रधानाङ्ग जनवलेबानी ।

    एहितरे, बियफे के देशभर हि सामान्य बदली होई । देश के पश्चिमी तथा मध्य भाग के एकाध जगह में भारी वर्षात के सम्भावना रहल महाशाखा जनवले बा । विशेष करके पहाडी भूभाग मे भुस्खलन होखे के आ चुरे से बहेवाल नदि के जलसतह बढसकेके भईला से सतर्क रहेला महाशखा आग्रह कईले बा ।

    वर्षात के कारण हवाई आ सडक यातायात में तक प्रभाव पडेवाला भईला से सावधानी अपनावेला निहोरा कईल बा ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here