The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

चेन्नई बनल आईपीएल २०१८ के विजेता

एजेंसी, जेठ १३ गते

मुंबई के वानखड़े स्टेडियम में आजु भईल आईपीएल फाइनल म्याच में चेन्नई हैदराबाद के पराजित करत आईपीएल २०१८ के विजेता बनल बा।  टॉस जित के बोलिंग करेके निर्णय कईले रहे चेन्नई। बल्लेबाजी करत हैदराबाद ६ विकेट के नोकसान में १७९ के लक्ष्य देले रहे।

लक्ष्य के पीछा करत चेन्नई २ विकेट के नोकसान में ही १८.३ ओभर में ही लक्ष्य पुरा करत विजेता बनल ह। चेन्नई के और से शानदार बल्लेबाजी करत शेनवाटसन ११७ रन बनईले रलन।

चेन्नई के २ साल आईपीएल खेले खातिर बन्देज लागल रहे। २ साल के बाद आईपीएल खेलत चेन्नई आईपीएल २०१८ के विजेता बनल बा। जम्मा मिलाके चेन्नई ३ बेर आईपीएल जित चुकल बा अब। मुंबई भी ३ बेर आईपीएल जितले बा ता कोलकाता २ बेर, हैदराबाद १ बेर, डिकेन चार्जर १ बेर आ राजस्थान १ बेर।

प्रतिकृया
Loading...