चेन्नई सुपर किंग्स आईपीएल के फाइनल में पुगल

173

एजेंसी, जेठ ८ गते

आईपीएल २०१८ के फाइनल म्याच में चेन्नई सुपर किंग्स सनराईज्र्स हैदराबाद के हराके फाइनल में पुगल बा । मुम्बई के वानखडे स्टेडियम में भैल आजु के छनोट खेल में टॉस जीतत चेन्नई फील्डिंग करके निर्णय लेले रहे। हैदराबाद २० ओभर तक बल्लेबाज़ी करते ७ विकेट के छति में १३७ रन जोडले रहे। हैदराबाद ओरी से शानदार पारी खेलत कार्लोस ब्रेथवेट २९ बॉल में ४ गो छक्का आ १ गो चौका सहित ४३ रन जोडले रलन। चेन्नई ओरिसे ब्रावो सर्वधिक २ विकेट लेले रलन।

लक्ष्य के पीछा करत चेन्नई ६२ रन आ १२.३ ओभर में ६ विकेट गिरगैल रहे। सुरुवात से ही खेलत फाफ डुप्लेसीस शानदार पारी खेलत चेन्नई के फाइनल में पुगैलन । फाफ ४२ बॉल में ४ गो छक्का आ ५ गो चौका सहित ६७ रन बनैलन। हैदराबाद ओरी से अच्छा बोलिंग करत रशीद खान २ विकेट लेके ४ ओभर में जम्मा ११ रन देले रलन।  रशीद खान ही विकेट लेके आ बैट्समेन के चाप में रखके अन्तिम ओभर तक खेल लेगैल रलन।

अब बिहान एलिमिनिटर में कोलकाता आ राजस्थान से खेल होखेवला बा।  इह्ह खेल में जीतल टीम हैदराबाद से दुसरा छनोट खेल खेली।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here