चोरी के सोना, चाँदी के गरगहना, मोवाईल सहित एक जने वीरगंज में पकड़ाइल

1104

वीरगंज,भादो २

पर्सा प्रहरी वीरगंज के घडिअर्वा से वीरगंज के बहुते जगह से चोरी करके जमा कइल सोना, चाँदी के गरगहना, मोवाईल सहित चोरी में जुडल प्रमोद साह के पकडले बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १० घडिअर्वा निवासी प्रमोद साह बितल सावन १४ गते वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ११ रानीघाट के रहनीयार मोहन सर्राफ के सोनाचाँदी के दोकान से चोरी भईल सोना के गहना ७ गो , चाँदी के २० गो औठी, चाँदी के २० गो सिक्का, चाँदी के बाला, डटपेन चोरी कईल आ उ सामान साह के कोठरी से बरामद भईल पुलीस जनवले बा ।

एहितरे साह के कोठरी में छापामारी के क्रम में २० गो मोवाईल, १२ गो घडी सहित बडका परिणाम में मोवाईल के ब्याट्रि, मेमोरी कार्ड तक बरामद भईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर ९ में जितेन्द्र प्रसाद यादव के कपडा सिलाई टेलर से चोरी भईल कोट, पाईन्ट, स्टकोट, सर्ट लगाएत के कपडा सहित सोमार के पकडल पर्सा के एसपि सोमेन्द्र सिंह राठौर जनवनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here