छठ पूजा के अवसर पर आयोजित रक्तदान कार्यक्रम मे १ सय २१ जने कईले रक्तदान

436

वीरगंज, २५ कात्तिक ।

वीरगंज के घडिअर्वा पोखरा परिसर मे आजु भइल रक्तदान कार्जक्रम मे ३ जने अवरत सहित १ सय २१ जने रक्तदान कइले बाडन । छठ पूजा के उपलक्ष्य मे घडिअर्वा स्पोर्ट क्लब द्वारा आयोजित बृहत रक्तदान कार्जक्रम मे १ सय २१ जने रक्तदान कइलन रक्त संचार केन्द्र वीरगंज के प्रमुख सौरभ राज पाण्डे जानकारी देहलन ।

स्पोर्ट क्लब के अध्यक्ष लखन गुप्ता के अध्यक्षता मे भइल रक्तदान कार्जक्रम मे लवकुश कुमार साह, सुनिल कुमार साह, विरेन्द्र साह कानु, दिपेन्द्र गिरी, अरबिन्द प्रसाद साह, लालबाबु साह कानु, निरज साह कानु, धिरज कर्ण, राणा गुप्ता, दिपक यादव, पवन श्रीवास्तव, रोशन कर्ण, गोपाल झा, निराजन प्रसाद साह, आलोक कुमार बर्णवाल, संदेश गुप्ता, रमेश साह, शनि कुमार साह, सुनिल सराफ, फिरोज बदसाह लगायत के लोग रक्तदान कइले रहलन ।

वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजय सरावगी के प्रमुख आतिथ्यता मे भइल रक्तदान कार्जक्रम मे जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरिक्षक रेवती ढकाल, घडिअर्वा छठ पुजा समिति के अध्यक्ष प्रेम साह कानु, सशस्त्र प्रहरी उपरिक्षक प्रेम धवज साह, मेजर जनक सापकोटा, विद्यार्थी नेता प्रभाकर गुप्ता, निखिल बर्णवाल, राकेश गुप्ता लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here