छड्के चेक जाँच के क्रममे स्कुल बस कार्वाही मे

270

वीरगंज, १६,सावन ।

आजु विहनीया से पर्सा पुलिस वीरगंज के अनेकन जगह मे सिट क्षमता से बेसी राखल स्कुल बस चेक भइल बा ।

वीरगंज के माइस्थान,पावरहाउस,मूर्ली,वाईपास रोड, मे स्कुल बस ,स्कुल भ्यान मे विद्यार्थी सिट क्षमता से बेसी राखल पर स्कुल बर्स आ भ्यान के कार्वाही भइल बा ।

बिरगंज आदर्शनगर ग्रीनसिटी सामुदायिक सेवा केन्द्र,सामुदायिक प्रहरी पर्सा जिल्ला प्रहरी कार्यालय, जिल्ला ट्राफिक के सहयोग मे ४० गो स्कुल बस सवारी छड्के चेक जाँच के क्रम मे बस मे सिट क्षमता से बेसी विद्यार्थी मिलल आ नियम बिपरित कार्य करत १६ गो सवारीसाधन के ड्राइभरी सवारी अनुमतिपत्र, सवारी कागजात पत्र लेके कार्वाही अगाडी बढावल गईल जिल्ला प्रहरी प्रमुख पर्सा एस.पि.रेवती ढकाल बतैले बानी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here