छत पर से गिरला से रौतहट में एक नाबालक के मृत्यु

181

अमित ठाकुर।रौतहट।माघ १४।

रौतहट जिल्ला के राजपुर नगरपालिका वड़ा नम्बर १ पिपरा भगवानपुर में घर के छत से गिरला से सोमार के एक बालक के मृत्यु भइल बा । खेले के क्रम में छत से गीर के उक्त बालक के मृत्यु भइल ।

स्थानीय गगनदेव पंडित के ५ बरिस के बेटा शिवराज पंडित के आजू सझिया के साढ़े ५ बजे के समय में मृत्यु भइल जिल्ला प्रहरी कार्यालय जानकारी देहले बा ।

छत पर खेले के क्रम में ऊपर से गीरला से बालक गम्भीर रूप से घायी भइल रहे आ उनकर ईलाज़ करावे ख़ातिर गौर अस्पताल में ले जाए बेर रास्ता में ही मृत्यु भइल जिल्ला अस्पताल पुष्टि कईले बा ।

गंभीर रूप से घायी बालक के अस्पताल में  मृत अवस्था पहुचल चिकित्सक जनवले बाड़े । घर अगाडी खेल रहल बालक छत पर कब चढ़ के खेल खेलत बेर ऊपर से गिरल बतावल गइल बा । नाबालक बेटा के मृत्यु भइला के बाद घरपरिवार शोक में डुबेल बा लोग।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here