छिपहरमाई के भिस्वा आ सखुवा प्रसाैनी से १४८ जने के स्वाब संकलन

348

वीरगंज, ०७ जेठ ।

पर्सा के छ्पहरमाई गांवपालिका के भिस्वा आ सखुवा परसौनी मे आजू पीसीआर परीक्षण के खातिर एक सय ४८ जना के स्वाब लेहल गईल । छिपहरमाई गांवपालिका वाड नम्बर ५ भिसवा के श्री मंगल माध्यमिक बिधालय के क्वारेंटाइन मे रहल ५७ जने आ दोसार ३८ जना कर के कुल ९५ जना के स्वाब लेहल गईल गांवपालिका स्वास्थ्य संयोजक शम्भू साह जानकारी करवले ।

उनका हिसाब से इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के ४ थुनुवा मे रहल सहित स्वास्थ्यकर्मी आ संक्रमित के संपर्क मे आइल आदमी लोग के समेत स्वाब लेहल गईल । इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी निरीक्षक चन्द्र कुमार सिंह अपने भिस्वा मे रहल क्वारेंटाइन मे चहुप के थुनुवा लोग के पीसीआर परीक्षण खातिर स्वाब जम्मा करवले रहेल । छिपहरमाई स्वाब संकलन खातिर नारायणी अस्पताल वीरगंज से स्वस्थ्यकर्मी के समूह पहुचल रहे ।

बैशाख ३० गते छिपहरमाई गांवपालिका के क्वारेंटाइन मे रहल एक भारतीय सहित १४ जाना मे कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईल रहे । ओहि क्वारेंटाइन मे रहल दोसर आदमी लोग के आ संक्रमित से नजदीक मे रहत आइल लोग के आजू आठ दिन के बाद स्वाब संकलन कईल गईल ।

ओइसे ही सखुवा परसौनी गांवपालिका मे ५३ जने के स्वाब लेहल गईल बा । गांवपालिका अध्यक्ष प्रदीप जयसवाल सहित ५३ जने के स्वाब लेहल गईल गांवपालिका स्वास्थ्य संयोजक राजेश रौनियार जानकारी देहले ।

उनका हिसाब से वाड नम्बर ३ श्रीपुर मे रहल दीप नारायण माध्यमिक बिधालय औराहा पंचगावा मे १० जने आ संक्रमित क्षेत्र वार्ड नम्बर १ के सिद्धपुर मे ४३ जना कर के कुल ५३ जना के पीसीआर परीक्षण खातिर स्वाब लेहल गईल । श्रीपुर क्वारेंटाइन मे रहल एक जना, ९ जने गांवपालिका के कर्मचारी, जनप्रतिनिधि आ सिद्धपुर मे कोरोना संक्रमित के घरपरिवार सहित नजदीक मे आइल ४३ जने के स्वाब लेहल गईल ।

गांवपालिका अध्यक्ष जयसावल समेत संक्रमित क्षेत्र मे गईल रहले आ गांवपालिका मे संक्रमण शुरू भइला के बाद से ही रहला के चलते अपना इच्छा अनुसार पीसीआर परीक्षण खातिर स्वाब देहले रौनियार जानकारी करवले ।

सखुवा परसौनी मे पोखरिया अस्पताल से लैब टेकनीशियन शुशील चौरसिया के नेतृत्व के स्वस्थ्यकर्मी लोग के समहू स्वाब संकलन खातिर गइल रहे । सखुवा परसौनीके सिद्धपुर मे समेत एक जने मे कोरोना के संक्रमण मिलल रहे । कालिका टाइम्स

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here