छिपहरमाई गाँवपालिका – भिस्वा क्वारेंटाइन से ४ जने भागल

572

भिस्वा, ४ जेठ ।

छिपहरमाई गाँवपालिका वाड नम्बर ५ भिस्वा मे स्थित श्री मंगल माध्यमिक बिधालय मे रहल क्वारेंटाइन से शनिचर के रात मे ४ जने भागल बा लोग ।

पिच्छला हप्ता ही १४ जना कोरोना संक्रमित मीलला से छिपहरमाई गाँवपालिका त्रासित भइला के साथ साथे देश के ध्यान  भिस्वा ओर केन्द्रित भइल रहे । क्वारेंटाइन मे रह रहल भारत के ४ गो नागरिक क्वारेंटाइन से निकल भागला के कारण छिपहरमाई गाँवपालिका के भिस्वा फेर एक बेर त्रासित भइल रहे ।

पर्सा जिल्ला के भारत आ नेपाल बीच के सिवान मे वीरगंज के बाद भिस्वा दुसरका सब से बड़का सिवान हउवे । भारत आ नेपाल आवाजाही के कारण पिच्छला कोरोना संक्रमण के दृष्टिकोण से बहुत सेनसिटीभ जगह मानल गईल बा । सुरक्षा निकायके कड़ाई के बाद भी ऊहा भारत नेपाल आवाजाही बन्द ना भइला पर कुछ दिन पहिले सुरक्षा निकाय आ स्थानीय जनता बीच झड़प भी भईल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here