छिपहरमाई गांवपालिका भिस्वा गाँवके मुख्य सड़क बनल दलदल, संबन्धित निकाय मौन

290

वीरगंज, २० आसार ।

छिपहरमाई गांवपालिका वाड न. ५ भिस्वा के पर्सा जिल्ला के दुसरका बाडका ब्यापरिक सिवान के रूप मे पहिचानल जाला । छिपहरमाई गांवपालिका के भिस्वा मे नाला आ सड़क निर्माण खातिर बजेट त आइल माकिर उ बजेट के लूटे खसोटे मे कौनो कसर बाकी ना राखल गईल ।

नाला निर्माण के बजेट ३५ लाख गांवपालिका सदस्य लोग गुपचुप तरीका से उपभोक्ता समिति तैयार कर के चुपे अपने नाला निर्माण के ठिक्का ले के नाला निर्माण पानी के निकासी लाय करे के त कईले लोग माकिर बरसात के पानी नाला मे जाएके त दूर पर गाँव के रोड के दलदल मे बदल ला के साथे घर घर मे घुसत देखल जा सकता ।

भिस्वा के एगो स्थानीय के ओरहन के हिसाब से नाला ना त कौनो मापदण्ड पूरा कर के बनवले बा लोग ना यी नाला से पानी के निकासी होता । गाँवभर बनावल गईल नाला अइसन तरीका से बनावल गईल बा के गाँवभर के घर नाला के उचाई से खाल मे हो गइल बा । बारखा के पानी या त सड़क पर जम्मा हो के नाया भारात सड़क के दलदल बना देता या सीधे पानी हमनी के घर मे घुसजाता । अइसन बिकास जनता के सुखसुबिधा खातिर ना यी आपन बगली भरे खातिर आ सरकारी बजेट लूटे खातिर जइसे मन कईलाख ओइसे कईले बा लोग ।

एक दिन के बर्खा के कारण भिस्वा के सड़क के दुर्दशा अईसन हो गईल बा त अभी पूरा बरसात बाकी बा सावन भादों मे का हाल होई भिस्वा के स्थानीय लोग आपनबीरगंज के रिपोर्टर से बतियात ओरहन देहलख । गाँवभर एक ओर एतना उचा नाला बन गइल बा आ दोसरका ओर घरवाला लोग माटी भर के आपन दुवार उच कर लेहले बा जेकरा करते सड़क हो गईल बा खाल अबकी बेर के बरसात मे सड़क ना सड़क के जगह नदी देखे के मिली स्थानीय के कहनाम रहे । अभी पैदल चले खातिर रास्ता नईखे सावन भादों मे त डेंगी चलावेवाला नदी भाय पोखरा हो जाई ।

जनता के स्वास्थ्य सुबिधा, वाड कार्यालय सेवा सुबिधा के ध्यान मे रखते संबन्धित पक्ष के आवश्य डेग आगा बढ़ावे के चाहित माकिर छिपहरमाई गांवपालिका मे चल रहल छिपहरमाई गांवपालिका सड़क बिकास अभियान के जगह बिनाश ही देखे के मिलल ।  संबन्धित निकाय, स्थानीय सरकार आ प्रदेश सरकर के ध्यानकर्षण होखो आ छिपहरमाई गांवपालिका बिकास अभियान के बजेट के सदुपयोग होखे त सायद भिस्वा के स्थिति सुधारल जा सकता स्थानीय लोग सुनवलख ।

 

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here