छिपहरमाई गांवपालिका मे फांसी पर लटकल मिलल दु गो औरत के लाश

457

वीरगंज, ३० बैसाख ।

पर्सा जिल्ला के छिपहरमाई गांवपालिका मे दु गो ज़नानी के लाश मिलल । जिल्ला प्रहरी कार्यालय के हिसाब से काल्ह एतवार के दिने छिपहरमाई गांवपालिका वाड नम्बर ३ के रमेश मुखिया बिन के पत्नी २२ बरिस के श्रीमति बिन्दी देवी मुखिया के लाश अपने घर मे मिलल आ आजू सोमार की दिने छिपहरमाई गांवपालिका २ के विलास महतो के पत्नी २० बरिस के संतोषी महतो के लाश रुनी के गाछ मे लटकल मिलल ।

बिन्दी देवी एतवार के दिने १:३० सबेरे घर मे कोई ना रहला के अवस्था मे आपन सुतेवाला कोठरी के सीलिंग पंखा मे चादरा से फांसी लगा के लटकल अवस्था मे मिलली । इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी टोली लाश के पोष्टमार्टम खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे भेजले रहे ।

ओइसे ही, संतोषी महतो सबेरे ५:३० के समय मे घर के पछाड़ी रुनी के गाछ मे लाल रंग के सूती के साड़ी से फांसी लगा के लटकल अवस्था मे भेटइली । इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया के प्रहरी टोली उनकर भी लाश के पोष्टमार्टम खातिर नारायणी अस्पताल वीरगंज भेजले बा । दुनु घटना के प्रहरी ज़रूरियात अनुसंधान कर रहल बा । बारा खबर

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here