छिपहरमाई गांवपालिका मे मेरी स्टॉप आ जिल्ला जन स्वास्थ्य के समन्वय मे नि:शुल्क परिवार नियोजन शिविर

290

भिस्वा, ११ पुष ।

छिपहरमाई गांवपालिका, मेरी स्टॉप नेपाल आ जिल्ला जन स्वास्थ्य कार्यालय पर्सा के समन्वय मे छिपहरमाई गांवपालिका वाड नम्बर ३ जयमंगलापुर मे नि:शुल्क स्थायी आ अस्थायी परिवार नियोजन घूमती शिविर पुरुष आ महिला दुनु जने लाय संचालन हो रहल बा ।

छिपहरमाई गांवपालिका के अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता के कहनाम रहे की परिवार नियोजन के यी घूमती शिविर के उदेश्य गाँव घर मे रहल महिला तथा पुरुष लोग के सहूलियत हिसाब से सेवा देवे के एगो सकारात्मक प्रयास ह । परिवार नियोजन करवला पर एक हर कोई के २५० रोपेया देहल जाई आ परिवार नियोजन के यी कार्यक्रम मे सहयोग करेवाला महिला स्वयम सेविका लोग के १०० रोपेया देहल जाई अध्यक्ष गुप्ता कहले ।

दु दिन ११ आ १२ गते संचालन होखेवाला यी नि:शुल्क स्थायी आ अस्थायी परिवार नियोजन घूमती शिविर मे महिला आ पुरुष मिला के कुल ८ जाने डाक्टर लोग के मंडली आइल बा जेमे डॉ. संतोष श्रेष्ठ, डा. दिना क्षेत्री, डा. दिपा लामा, डा.स्वासतिका, डा.संजना कार्यकी, डा. मलिका आचार्य, डा. परमेश्वर चौधरी, डा. सम्भु साह समेत डाक्टर मंडली मे बा लोग ।

यी कार्यक्रम मे जयमंगलापुर के भरभलाद्द्मि लोग समेत गांवपालिका अध्यक्ष मनोज कुमार गुप्ता आ वाड अध्यक्ष बिनोद साह कानू के उपस्थिती रहल ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here