The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

छिपहरमाई गांवपालिका वाड न. ५ भिस्वा मुख्य सड़क के अवस्था दयनीय, संबन्धित निकाय चुप

छिपहरमाई, ३० चईत ।

छिपहरमाई गांवपालिका वाड न. ५ भिस्वा के वाड अध्यक्ष मौजीलाल साह कानू के घर के आगाड़ी सड़क के अवस्था बहुते नाजुक हो गईल बा । वाड अध्यक्ष कानू के घर आगाड़ी के अवस्था कुछ अईसन हो गईल बा की जानता पैदल भी नइखे जा सकत । सड़क के अवस्था सुधारे के चक्कर मे माटी भरल गईल माकिर बरखा के कारण नाया भारात दल दल मे बदल गईल जेकरा करते गांव के साधारण जनता तक के चलल मुश्किल हो गईल बा ।

पोखरिया नगरपालिका से छिपहरमाई गांवपालिका के जोड़ेवाला मुख्य सड़क के हालत के कारण बीरगंज-भिस्वा चलेवाला सवारी सधान आ चाहे स्थानीय गांव के ट्रायकर, बैलगाड़ी चाहे दोसार कौनों सवारी साधन  दलदल मे फंसे के चलते उ सड़क होके नाइखे जात ।

छिपहरमाई गांवपालिका के भिस्वा एगो अईसन गांव ह जवन भारत के बिहार राज्य के सिकटा से नेपाल सिवान के जोडेला । बीरगंज के बाद दुसरका मुख्य सिवान के रूप मे भिस्वा के ही मानल जाला । सिकटा बाजार करे खातिर छिपहरमाई गांवपालिका लगायत पोखरिया नगरपालिका तक के आदमी आवेले ।

जनता के सुखसुबिधा के देखत गांवपालिका अध्यक्ष आ वडा अध्यक्ष के दायित्व बनता की यी सड़क के मरम्मत करावे के आ चाहे कौनों बैकल्पिक रास्ता बनावे के माकिर महीनो से अभी तक कुछों नइखे कईल जा सकल ।

बीरगंज से चलेवाला बस पहिले भिस्वा के बरहम बाबा चौक तक जात रहे माकिर सड़क के दुर्दशा के कारण भिस्वा आ बंजारी के सीवान नजदीक पार्क करे के पर रहल बा ।

 

प्रतिकृया
Loading...