छिपहरमाई गांवपालिका – ५ भिस्वा केमिकलयुक्त प्रदूषण के चपेटा मे, गांवपालिका मौन (भिडियो समेत)

    395

    छिपहरमाई गांवपालिका, ३० अगहन ।

    छिपहरमाई गांवपालिका वाड नम्बर ५ भिस्वा कुछ दिन से पूर्ण रूप से प्रदूषण के चपेटा मे परल बा । प्रदूषण भी कईसन ? त केमिकलयुक्त प्रदूषण जवन जनता के दैनिक जीवन आ स्वास्थ्य मे प्रत्यक्ष असर कईला के साथ साथे ही गाँव के प्रयावरण के प्रदूषित क दहले बा ।

    भिस्वा पुरुबारी टोला मे रहल मठ से करीबन ५०० मीटर के दूरी पर रहल शशिकांत प्रसाद कुशवाहा द्वारा संचालित कबाड़ से मे रोज सबेरे सबेरे केमिकल के ड्राम आग मे जरा के पूरा गाँव के प्रदूषित आ दुर्गंधित कईल जा रहल बा जेकरा कारण पूरा गाँव प्रदूषित बनल बा ।

    अनेकन किसिम के केमिकल के ड्राम छोट छोट पीस मे काट के उ ड्राम के टीना आ केमिकल छटनी करे खातिर पानी से धोवे के जगह ओकरा के सीधे आग लगाके प्रदूषण आ दुर्गंध कुछ दिन से लगातार फैलावल जा रहल बा । आग लगावला के उदेश्य यीहे होला की ड्राम के टीना मे लागल केमिकल आग के लगावला से जर जाई आ टीना अलग हो जाई । पर यी कार्य से गाँववासी के स्वास्थ्य पर का असर पर रहल बा संचालक के कौनों मतलब नईखे साथ मे गांवपालिका अध्यक्ष भा वाड अध्यक्ष  यी प्रदूषण आ दुर्गन्ध के ले के अभी ले मौन बा लोग ।

    केमिकल युक्त ड्राम के जरावला से भिस्वा दुर्गंधित भईला के साथ साथे प्रदूषित भी बनल बा । केमिकलयुक्त ड्राम के पानी निकासी वाला जगह पर पानी से धो के सफा करे के चाहित माकिर भिस्वा मे संचालित कबाड़ अईसन जगह पर संचालित बा जाहा पानी के निकासी भी नईखे आ खेती योग्य जमीन के बीच मे भईला से उहा केमिलयुक्त पानी गिरावला के मतलब जमीन के उर्बारा क्षमता के नष्ट कईल ह ।

    कबाड़ से निकलेवाला केमिकलयुक्त धुवा के चलते गाँव प्रदूषित आ दुर्गंधित भईला पर भी संबन्धित वाड अध्यक्ष आ गांवपालिका अध्यक्ष मौन रहला के चलते गाँववासी शसंकित भईल बा लोग ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here