छिपहरमाई गाउँपालिका भिस्वा के पक्की सड़क निर्माण १ साल भी ना टिकल ।

 छिपहरमाई गाउँपालिका भिस्वा के पक्की सड़क निर्माण १ साल भी ना टिकल ।

मुख्य सड़क से मस्जिद जाएवाला सड़क

भिस्वा, ३० भादो ।

छिपहरमाई गाउँपालिका वाड नम्बर ३ भिस्वा के पक्की सड़क निर्माण १ साल भी ना टिके सकल । एक वर्ष पहिले निर्माण कईल भिस्वा बाजार के मुख्य पक्की सड़क टिपर आवात जावत कइला पर १ ना बीतते टूट गईल बा ।

मुख्य सड़क से मस्जिद जाएवाला सड़क

गाउँपालिका द्वारा साल भर पहिले निर्मित ढालान पक्की सड़क टिपर के भार भी ना सहे सकल आ दु जगह सड़क टूटल बा । गावँपालिका आगाडी आ मुख्य सड़क से मस्जिद जाएवाला ढालान पक्की सड़क टिपर चलते टूट गईल ।


टिपर चढ़ते १ भर के सड़क टुटला से सड़क निर्माण में कवन गुणस्तर के निर्माण सामग्री के प्रयोग भइल होइ अनुमान लगावल जा सकता । सड़क टुटला के कारण ढलान में प्रयोग भइल सरिया तक बाहर निकल गईल बा ।
वीरगंज से छिपहरमाई गाउँपालिका जोडेवाला सड़क निर्माण ख़ातिर गिट्टी आ बालू टिपर द्वारा ढुवानी करत बेरा यी रास्ता पर टिपर चलला से सड़क टुटल स्थानीय लोग जानकारी करवलख । स्थानीय लोग ओरहन सुनावत कहले, ‘ एक दिन टिपर का चलल सड़क टूट गईल एसे सड़क निर्माण में केतना उच्च स्तर के सामग्री प्रयोग भईल बा अइसे ही देखाई दे रहल बा ।’


संक्रमण काल भईला से भिस्वा-काठमांडु के बस अभी नइखे चलत । यदि बस चलत रहित त यी सड़क निर्माण कार्य मे भईल भ्रष्टाचार कहिये ना पर्दाफास हो गइल रहित ।
सड़क निर्माण कार्य मे चरम लापरवाही भ्रष्टाचार भईल स्थानीय लोग आरोप लगवले बा ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *