छिपहरमाई गाउपालिका कार्यालय बिबाद अध्यक्ष अपने में मस्त आ बाबा जनता समक्ष

133
छिपहरमाई गाउपालिका कार्यालय

फागुन २४ बीरगंज – छिपहरमाई गाउपालिका

छिपहरमाई गाउपालिका कार्यालय काहा रखल जाई यी बात पर शुरू भईल बिबाद के कारण आजले कार्यलय बंद परल बा | आजू १३ दिन से संघर्षरत समूह द्वारा छिपहरमाई गाउपलिका में ताला लगावल गईल बा | छिपहरमाई गाउपालिका में सरकारी अधिकारी ना आवला के कारण आ गाउपालिका प्रतिनिधि लोग के गाउपलिका के बिबाद सुलह ना कईला से सम्पूर्ण छिपहरमाई गाउपालिका के जनता कार्यालय सेवा से बंचित हो रहल बा |

स्थानीय के माने त गाउपालिका कार्यालय अइसन जगह होखे के चाहि जवन जगह सुबिधयुक्त होखे | स्थानीय के कहानाम छिपहरमाई गाउपालिका में भिस्वा ही अईसन एगो गाव बा जवन सर्बसुबिधायुक्त बा | रउवालोगन के जानकारी करा दी की पर्सा जिल्ला में बीरगंज के बाद भिस्वा के दुसरका बाड़का ब्यापारिक नाका के रूप में भी जानल जाला | जनता के माने त छिपहरमाई गाउपालिका के कार्यालय भिस्वा में होखे के चाही पर अध्यक्ष महोदय आपन जिद्द पर अडल बाड़े की गाउपालिका के कार्यालय भिस्वा ना होके उनकर बतावल स्थान पर होखे के चाही | जनता के प्रतिनिधी आ छिपहरमाई गाउपालिका के अध्यक्ष मनोज यादव यी बिबाद के अंत करे के जगह आपन मोबाईल फोन बंद कर के बईठल बानी उहे बिबाद के सामना करत उनकर बाबा श्री प्रहलाद प्रसाद गुप्ता जी बतवले की एक हप्ता के भीतर यी बिबाद के सुलझा लेहल जाई |

जनता प्रतिनिधी आ गाउपालिका पालिका अध्यक्ष के कर्तब्य ह जनता के सर्बसहमती से चले के  ना की आपन मनमानी करे के |

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here