छिपहरमाई गाऊपलिका- वाड न. ४ के जनता बिकास निर्माण खातिर निजी जमीन देवे तक तैयार

103
छिपहरमाई गाऊपालिका : नाला बिकास निर्माण कार्य शुरू भईल ।

छिपहरमाई गाऊपालिका, ११ चईत

छिपहरमाई गाऊपालिका के वाड न. ४ के तुलसी बर्वा आ बंजारी बिकास खातिर नाला निर्माण के जाब बात आईल त ऊहा के स्थानीय जनता अतिक्रमण कईल सड़क के जमीन पर बनावल घर राखल धान के बेरही अपने ही तुरे आ हटावे भीर गईल लोग ।

गाव के लोगन मे बिकास के सामाजिक चेतना देख के सब कोई आश्चर्य हो गईल । बंजारी मे २० फिट के सड़क बा जवना के अतिक्रमण कर के कोई घर बना लेहले बा त कोई आपन बेरही रखले बा त कोई दोकान दौरी चला रहल बा ।

छिपहरमाई गाऊपालिका : अतिक्रमण कईल जमीन पर बनवाल मिल के स्थानीय जनता अपने हातावे के बेर के तस्बिर

गाव खातिर नाला के बिकास निर्माण के जब बात आईल त सारा जनता एक जुट होके नाला निर्माण खातिर अतिक्रमण कईल जमीन खाली करे के राजी खुशी देवे खातिर तैयार हो गईल ।

स्थानीय के हिसाब से सड़क २० फिट के ह आ बीस फिट हमनी देवे के तैयार बानी १६ फिट मे सड़क बने के चाही आ दुनु ओरिया दु दु फिट के नाला बने के चाही । जमीन घटी त हमनी आपन जमीन देवे के तैयार बानी माकिर बिकास होखे के चाही ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here