छिपहरमाई गावँपालिका भिस्वा मे पोखरा में डूब के एगो लइका के मृत्यु

 छिपहरमाई गावँपालिका भिस्वा मे पोखरा में डूब के एगो लइका के मृत्यु

भिस्वा, १७ भादो ।

छिपहरमाई गावँपालिका में पोखरा मे डूब के एगो लइका के मृत्यु भईल बा । छिपहरमाई गावँपालिका वाड नम्बर ५ भिस्वा निवासी आत्मा कुशवाहा के ८ साल के लइका सुजीत कुशवाहा के पोखरा में डूब के मृत्यु भईल बा ।
भिस्वा प्रहरी चौकी घटनास्थल पर पहुच के मुचुलका उठा के मृत शरीर के पोष्टमार्टम खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल भेजले बा ।
गावँपालिका के एम्बुलेन्स शव लियावे के ना मानला के बाद मजबूरन शव के टेम्पू भाड़ा कर के पोष्टमार्टम खातिर वीरगंज ले के गईल जा रहल बा मृतक परिवार के ओरहन रहल । एकरा से पहिले भी दु बेर छिपहरमाई से शव ले के गईल एम्बुलेन्स अब शव ना ले जाएके प्रशासन कार्यालय के निर्देशन बा एहि से शव हम ना ले जाएम ड्राइबर कहले मृतक के परिवारजन बतवले लोग ।
गांवपालिका अध्यक्ष आ उपाध्यक्ष से बात कइला पर कवनो सकारात्मक जवाफ ना आईल उ लोग के आरोप रहल । कवनो सकारात्मक जवाफ ना अईला पर स्थानीय लोग के विरोध पर गावँपालिका अध्यक्ष के पति समसुलहक मिंयाँ एम्बुलेन्स ना जाइ त ट्रैक्टर के व्यवस्था करे के बतवले पर मृतक के परिवारजन ट्रैक्टर से शव ना जाइ कहत टेम्पू भाड़ा कर के पोष्टमार्टम ख़ातिर शव वीरगंज के नारायणी अस्पताल ले गईल लोग ।

Digiqole ad Digiqole ad

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *