छिपहरमाई गावँपालिका में एक युवक द्वारा आत्महत्या, एक बृद्ध के लाश मिलल

 छिपहरमाई गावँपालिका में एक युवक द्वारा आत्महत्या, एक बृद्ध के लाश मिलल

वीरगंज, ४ कुवार ।

छिपहरमाई गावँपालिका में आजु एगो युवक आत्महत्या कइले बाड़े ।
छिपहरमाई गावँपालिका वाड नम्बर ४ बंजारी निवासी मदन यादव के पुत्र अंदाजन २० साल के भीम यादव आज भोरे लगभग ३ बजके फँसरी झूल के आत्महत्या कइले बाड़े ।
स्थानीय के हिसाब से विदेशिक रोजगार में विदेश रहत आईल मृतक यादव कुछ दिन पहिले ही विदेश से वापस घरे आईल रहले । घटना स्थल पर प्रहरी पहुच चूकल बा आ मुचुलका उठावे के काम हो रहल बा । मुचुलका के बाद शव के पोष्टमार्टम ख़ातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल भेजल जाइ ।
ओइसे ही बंजारी के नहर में छाताइल एगो लाश मिलल बा । मित्र राष्ट्र भारत के बिहार राज्य के सिकटा निवासी गोकुल हाजरा के लाश बंजारी के नहर के पानी मे छाताइल मिलल ।

स्थानीय के कहनाम अनुसार अंदाजन ७०/८० साल उमर के मृतक हाजरा छिपहरमाई गावँपालिका वाड नम्बर ३ भिस्वा अपना बेटी के घरे आईल रहले । काल्हु सँझीए से घर से लापता भईल हाजरा के आजु बंजारी नहर में लाश मिलल बा । प्रहरी घटना स्थल पर पहुच चूकल बा आ मृतक के पोष्टमार्टम ख़ातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल भेजे के तैयारी हो रहल बा स्थानीय लोग बतवले ।
छिपहरमाई गांवपालिका के बंजारी में ही खाली यी ७ वा आत्महत्या ह । एकरा से पहिले ६ जने आत्महत्या कर चूकल बा लोग । आत्महत्या के कारण अभी अनुसंधान के विषय बनल बा ।F

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *