छिपहरमाई गावँपालिका से भारतीय नम्बर के लावारिस स्कार्पियो बरामद, भन्सार भेजल गईल ।

 छिपहरमाई गावँपालिका से भारतीय नम्बर के लावारिस स्कार्पियो बरामद, भन्सार भेजल गईल ।

वीरगंज, ८ कुवार ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय एगो भारतीय नम्बर के स्कार्पियो गाडी बरामद कइले बा ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा से खटल प्रहरी टोलि पर्सा के छिपहरमाई गाउँपालिका वाड नम्बर ५ स्थित सडक खण्ड से लावारिस अवस्था में भारतीय नम्बरको गाडी बरामद कइले बा ।

जिल्ला में जारी निषेधाज्ञा आ बन्द सिमान के वाजवुद भी नेपाल लिया के ग्रामिण क्षेत्र में भारतीय नम्बर के गाडी चलरहल विशेष सूचना के आधार में खोजतलास कइला पर प्रहरी मंगलबार के दिने विआर ३२ पी ए २३०६ नम्बर के स्कर्पियो गाडी बरामद कइले बा ।

गाडी के बारे अभी तक ले कोई भी आदमी हकदावी करे नइखे आईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जानकारी करवले बा । हकदावी करे कोई ना अईला के बाद प्रहरी गाडी के आवश्यक कारवाहीका खातिर भन्सार कार्यालय वीरगञ्ज भेजले बा जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायव उपरीक्षक मनोजित कुँवरले जानकारी देहले । यात्रा डेली

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *