छिपहरमाई – ५ भिस्वा मे अपरिचित बृद्ध मृत अवस्था मे भेटइले

254

छिपहरमाई-भिस्वा, १६ अगहन ।

छिपहरमाई गांवपालिका वाड नम्बर ५ भिस्वा मे अंदाजन ७० साल के बृद्ध आदमी जेकर परिचय अभी ले नईखे हो सकल मृत अवस्था मे मिलल बाड़े पर्सा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

भीख मांग के गुजर बसर कर रहल एगो अपरिचित बृद्ध आदमी बेहोसी के हालत मे बाड़े खबर मिलला पर इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया, प्रहरी चौकी भिस्वा आ प्राथमिक स्वास्थ्य चौकी के चिकित्सक सहित के समूह साथे जा के चेक जांच कईला पर बृद्ध मृत अवस्था मे मिलले ।
घटना स्थल पर पंहुचल प्रहरी घटनास्थल से मुचुल्का उठा के लाश के पोष्टमार्टम खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे भेजले बा । मृतक सम्बन्धी आवस्थ्यक अनुसंधान प्रहरी कर रहल बा पर्सा प्रहरी जानकारी करवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here