जगरनाथपुर गांवपालिका मे नेपाली कांग्रेस द्वारा सुचना मांग

299

आस/पर्सा, २१ भादो ।
पर्सा के जगरनाथपुर गांवपालिका मे नेपाली कांग्रेस जगरनाथपुर गांवपालिका समन्वय समिति से सुचना मांग कइल गइल बा । गाउँपालिका से आ.व. २०७४/०७५ मे संचालित परियोजना आ विकास निर्माण मे भइल खर्च सम्बन्धी विवरण के प्रमाणित प्रतिलिपि मांग कइल गइल ह ।

नेपाल के संविधान के धारा २७ आ सुचना के हक सम्बन्धि २०६४ के दफा ३ आ ७ अनुसार सुचना मांग कइल गइल नेपाली कांग्रेस जगरनाथपुर गांवपालिका के संयोजक श्रीकान्त यादव बतइलन । संयोजक यादव सहित दर्जनौ नेपाली कांग्रेस के नेता आ कार्यकर्ता सब गांव कार्यपालिका के कार्यालय मे ही पुग के सुचना के खातिर निवेदन दर्ता करइले बाडन ।

बहुती बेर सुचना मांगला कइला पर भी गांवपालिका अध्यक्ष जालिम मियाँ से सुचना उपलब्ध ना करइला पर लिखित रुप मे ही सुचना मांग कइल गइल संयोजक यादव के कहनाम बा ।

सुचना मांग करे खातिर गांव कार्यपालिका के कार्यालय पुगल समुह मे रामदेव चौहान, नेपाली कुश्वाहा, लक्ष्मण प्रसाद कुर्मी, बासुदेव प्रसाद पटेल, ठाकुर प्रसाद चौधरी, मुकेश चौधरी, शिवबचन प्रसाद, राजन पटेल लगायत के सहभागिता रहेल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here