जनकपुरधाम में बलिदानी दिवस बृहत रूप में मनल, भानु चौक ना रमेश चौक नामकरण करे प जोड़

178

जनकपुरधाम, ५ माघ

प्रथम मधेस आन्दोलन के पहिलका शहिद रमेश महतो के स्मृति में जनकपुर के युवा लोग द्वारा भव्य रुप में बलिदानी दिवस मनावल गइल बा । उक्त अवसर पर आयोजित कवि गोष्ठि में सहभागि लोग भानु चौक के अब से रमेश चौक नामाकरण करे पर जोड देहले ।

राजपा के युवा नेता प्रशान्त झा के अध्यक्षता अउरी युवा कवि समाज जनकपुरधाम एवं जिल्ला युवा संजाल धनुषा के सहकार्य में आयोजित कवि गोष्ठि के सहभागि युवा कवि तथा साहित्यका लोग द्वारा शहिद रमेश महतो के शहादत के सार्थक बनावे खातिर भानु चौक के नाम परिवर्तन कर के शहिद रमेश चौक राखे के सम्बन्धित पक्ष से मांग कईले । मधेस आन्दोलन के सुरुवाती चरण में भानु चौक के नाम रमेश चौक घोषणा कईल गइल रहे माकिर कार्यन्वयन में कमजोरी रहला से जनकपुरधाम उपमहानगरपालिका अउरी प्रदेश सरकार के ध्यानाकर्षण करावल जरूरी रहल वक्ता लोग के कहनाम रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here