जनकपुरधाम, फागुन १७ । राजेश अभिराज यादव ।

जनकपुरधाम के तिरहुतिया गाछि मे आजू भईल जनकपुर होलि हंगामा मैथिली एवं भोजपुरी सांस्कृतिक कार्यक्रम मे भोजपुरी के स्टार नायक एवं गायक दिनेश लाल यादव निरहुआ अउरी अम्रपालि दुवे मिथिलाञ्चल दर्शक के बिच अभिनय अउरी गायन करके धमाल मचा देहले बा लोग ।

दिन के १ बजे से सुरु भईल उक्त कार्यक्रम सझिया के ७ बजे तक चलल रहे। कार्यक्रम मे निरहुवा आपन गित आ अभिनय करके दर्शक लोग के दिल जित लेहले रहलन। साथ मे निरहुआ के गित पर नायिका अम्रपालि दुबे रोमान्स करके आम दर्शक बिच आपन नृत्य पेस कईले रहली। भोजपुरी आईटम क्विन सिमा सिंह भी भोजपुरी गितन पर आपन नृत्य प्रस्तुत कईले रहली ।

कार्यक्रम आयोजक संतोष राज सहनी आपन सोचल भा अनुमान कईला से जादा संख्या मे दर्शक दीर्घा के उपस्थिती आ ओह लोग के सन्तुष्टि अनुसार ई होलि हंगामा कार्यक्रम आच्छा सावित भईल बतवनि। ई कार्यक्रम मे मिथिलाञ्चल के कालाकर सभन के भी अभिनय सामेल कईल गइल रहे । जनकपुरधाम से संचालित अप्प्नन टिवि मार्फत चलरहल लोकप्रिय कार्यक्रम रोचक एन्ड घोचक के कलाकार सहित नेपाली अउरी मैथिली भाषा के गायक गायिका लोग द्धारा भी मिथिलाञ्चल दर्शक के लुभावे मे  सफल भईल रहे लोग।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here