जनकपुर – ढलकेबार सड़क खण्ड मे मिलल लाश, प्रहरी लागल घटना अनुशंधान मे

106

राजेश अभिराज यदाव

जनकपुर, ८ चईत

जनकपुर में आजू एगो मृत आदमी के लाश मिलल । जनकपुर – ढलकेबार सड़क पर जनकपुर उपमहानगरपालिका – ९ के रहेवला ४८ बरिस के रेवतीरमणलाल कर्ण के लाश मिलल ।

आजू सबेरे अंदाजन साढ़े ५ बजे के करीब मे स्थानीय लोग मृतक के लाश देखते प्रहरी के खबर कईले रहे । मृतक के गाल पर साधारण एगो चोट के आलावा कही कौनों घाव चाहे दाग नइखे देखल गईल । मृतक के गाल पर चोट देख के कौनों सवारीसधान के ठोकर मरला के कारण उनकर मृत्यु भईल बा अईसन प्रहरी के अनुमान बा ।

मृत शरीर के पोस्ट मार्ट्म खातिर जनकपुर अञ्चल स्पताल मे राखल गईल बा आ घटना कईसे भईल एकर आगा के अनुशंधान हो रहल बा जिल्ला प्रहरी कार्यालय धनुषा जनवले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here