जनकपुर मे आजु जाके होली खेलल जाता ।

169
मध्यमिथिला परिक्रमा के अन्तिम दिन जनकपुर मे परिक्रमा करत श्रद्धालु लोग ।

जनकपुरधाम, १९ फागुन । राजेश अभिराज यादव ।

पहाड़, तराई -मधेस सब ठहर बियफे आ शुक के होली धूमधाम से मनावल गइल माकिर जनकपुर मे होली आजू शनिचर के जाके मनावल जाता ।

जनकपुर क्षेत्र मे १५ दिन तक चलेवाला मध्यमिथिला परिक्रमा खतम भइला के बिहान भइला मात्र जनकपुर मे होली खेलेके परम्परा बा । उहे परम्परा मुताबिक एक दिन अबेर से आजू जनकपुर मे होली खेलल जारहल बा ।

मध्यमिथिला परिक्रमा के अंतिम दिन जनकपुर परिक्रमा कईला के बादे होली शुरू होखेके परम्परा मुताबिक बियफे के आधारात से मिथिला परिक्रमा शुरू होके शुक के खतम भईल रहे । ओहिसे परिक्रमा के बिहान भइला अर्थात शनिचर के ही ईहा होली मनावल जारहल बा ।

इहे बिच जनकपुर के मध्यमिथिला परिक्रमा के मध्यनजर राखत धनुषा सुरक्षा समिति द्वारा जनकपुर नगर क्षेत्र मे शुक तक मासु, मदिरा आदि बिक्री वितरण पर निषेध लगावल गईल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here