जनता द्वारा संकलित सुझाव आगामी बजेट के मुख्य प्राथमिकता – मेयर सरावगी

382
वीरगंज,चैत २६
एशियाली विकास बैंक (एडिवि) के सहयोग मे चलरहल विकास निर्माण के काम सब मे तेजी लियावे के चाहि के धारणा सरोकारवाला लोग व्यक्त कईले बा । वीरगन्ज महानगपालीका खातिर सोमार के आयोजना अभिमुखिकरण कार्यक्रम मे सहभागी लोग के अईसन धारणा राखले ।
एडिवि के आर्थिक अनुदान मे संचालित परियोजना सब के आवत पुस महिना भीतर सम्पन्न करत दुसरका चरण के परियोजना लागू करेके भइला से निर्वाचित जनप्रतिनिधि लोग के सक्रियता अउरी सहयोग मे ढल तथा सडक निर्माण कार्य मे तेजी देहल सुझाव सहभागी लोग के रहे ।
कार्यक्रम मे बोलत वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख (मेयर) विजय कुमार सरावगी द्वारा स्थानिय निकाय विगत के बर्ष मे जनप्रतिनिधि विहिन रहला से अभिन बहुति अपेक्षा राखल स्वाभाविक रहल बतावत बिकास निर्माण के कार्यक्रम सब मे तजी देवेके बतवनी । जनता मेयर आमने सामने कार्यक्रम के माध्यम से हरेक वडावासी से बतकही करत आगामी विकास निर्माण के योजना सब के छनौट होखेके उनकर कहनाम रहे ।
अनेकन अवरोध के करते एडिवि के परियोजना मे विलम्ब भईला पर भी हाल निर्माण कार्य सब मे तिव्रता देहल मेयर सरावगी बतावत वीरगंज के पुरुव मे रहल अनेकन टोल के डुवान समस्या के समाधान खातिर नाला निर्माण तथा वाइपास आ अनेकन लिकं सडक के निर्माण कार्यसब अब लागू होखेवाला दोश्रो चरण के परियोजना मे रहल जानकारी देहनी ।
कार्यक्रम  मे वीरगंज महानगरपालिका मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत गोपाल प्रसाद रेग्मी द्वारा स्वागत मन्तव्यक्त राखात आउर परियोजना सब के बारे मे जानकारी करवनी । कार्यक्रम मे सहरी विकास परियोजना के निर्देशक चक्रवर्ती कंठ द्वारा नेपाल के अनेकन सहर मे चलरहल एशियाली डेभलप्मेन्ट बैकं के परियोजना सबके बारे मे जानकारी करवनी।
ओइसही राजेन्द्र गीरी द्वारा आयोजना कार्यन्वयन आ स्थानिय संगठन ब्यवस्था के बारे मे सहभागी लोग के जानकारी करवनी त परियोजना प्रबन्धक शैलेन्द्र श्रेष्ट द्वारा वीरगंज महानगपालीका मे चलरहल अनेकन परियोजना सबके बारे मे जानकारी देहनी ।
advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here