The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

जबरजस्ती करणी के खबर तोपझाँप करे के प्रयास

वीरगंज, ११ आषाढ़ ।

बारा जिल्ला के बिश्रामपुर गांवपालिका वाड नम्बर २ मे एगो ५ साल के बच्ची उपर जबरजस्ती करणी के प्रयास भइल आजू आठ दिन के बाद ही खबर बाहर आवे सकल बा ।

आषाढ़ ३ गते रात के करीब ९:३० बजे ऊख के खेत मे भइल यी घटना मे प्रहरी शुरू से ही सहयोग ना कइलख पीड़िता के पिता के आरोप बा । अचानक बच्ची रात के घर से भूलइला के बाद रात के करीब ११:०० बजे सुनसान सड़क पर खुनेखून भइल अचेत आ निवस्त्र स्थिति मे परिवार लोग के मिलल बतावल गईल । हमनी गरीब भइला से हमनी के बात कोई ना सुनल आ हल्ला ना करे के ना त अपराधी भाग जाई कह के प्रहरी के कहला पर हमनी कोई के खबर ना कइनी पीड़िता बच्ची के पिता बतलवे । घटना स्थल से एक थान साइकिल, एक जोड़ा पुरान चप्पल आ तेल राखेवाला वर्तन समेत बरामद भइल जानकारी करवले ।

हम एगो गरीब आदमी हई दिन भर रिक्सा चलावेनी आ ओहिसे दु समय के खाना पीना के गुजारा चलेला पीड़िता के पिता कहले । प्रहरी भी ठीक से सहयोग ना कइलख, कवनों बात पुछला पर उल्टे डांट देवे लोग एही से उचित न्याय मिलेके त ना मिलल पीड़िता बच्ची के पिता आपन दुख सुनवत उचित न्याय खातिर प्रयासरत बाड़े । बच्ची रात रात मे डेरइबो करे ले उ बतले ।

सामाजिक अभियन्ता बृजेश्वर चौधरी घटना बाहर ना आइल आ प्रहरी के भूमिका बहुते कमजोर देखल गइल बतवले । सामाजिक अभियन्ता चौधरी आषाढ़ ९ गते रात के हमनी के यी घटना के बारे मे मालूम भइला पर पीड़ित के सहयोग करे के उ लोग इच्छा बा बतवले । वाड अध्यक्ष आ गांवपालिका प्रमुख समेत यी घटना से बेखबर बा लोग यी एगो आश्चर्ज के बात बा चौधरी बतवले ।

प्रतिकृया
Loading...