जिराभवानी गाँवपालिका द्वारा कक्षा ९ आ १० के छात्रालोग के निःशुल्क साईकल वितरण

127

पर्सा, २५ पुस ।

जिराभवनी गाँवपालिका द्वारा बुध के एक कार्यक्रम के आयोजना कर के एक सय ७ जने छात्रालोग के साईकल वितरण कईल गईल बा । जिराभवनी गाँवपालिका के वार्ड नं. ३ में रहल बितो महतो जनता मा.वि. नवका टोला के कक्षा ९ आ १० के एक सय ७ जने छात्रालोग के निःशुल्क साईकल वितरण कईल गईल प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत अमिति कुमार गिरी बतइले बाड़े ।

गाँवपालिका के आ.व. २०७५/०७६ के ‘बेटी पढाई बेटी बचाई’ कार्यक्रम अन्तर्गत छात्रा लोगन के अध्ययन करे खातिर विद्यालय आवत-जावत में आसानि होई कहके साईकल वितरण कईल गईल अधिकृत गिरी जानकारी करवनी । वार्डध्यक्ष उमेश सिंह के अध्यक्षता में आ गाँवपालिका के अध्यक्ष रामपृत महतो  के प्रमुख आतिथ्यता में भइल साईकल वितरण कार्यक्रम में गाँवपालिका के उपाध्यक्ष उषा देवी थरुइन, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत गिरी, विद्यालय के प्रअ लगायत लोग के सहभागिता रहल रहे ।

कार्यक्रम के अध्यक्ष, प्रमुख अतिथी, विशिष्ट अतिथी अउरी अतिथी लोग के हात से साइकल वितरण कईल गईल रहे । गाँवपालिका के अन्तर्गत के कक्षा ९ आ १० में अध्ययनरत २ सय २६ जने के ही साईकल वितरण कईल जाई गाँवपालिका अध्यक्ष महतो बतवनी ।

कार्यक्रम में बोलत गाँवपालिका के अध्यक्ष महतो एकरा बाद बाकी रहल छात्रा लोग के भी आवेवाला दिन में साईकल वितरण करे के घोषणा समेत कइले । ओइसही कक्षा ११ के ७० जने छात्रा लोग के साईकल वितरण करे के भी निर्णय हो चुकल अध्यक्ष महतो जानकारी करइनी ।

बितल आ.व. २०७४/०७५ में भी गाँवपालिका द्वारा कक्षा ८ में अध्ययनरत २ सय १६ जने के साईकल वितरण कईल गईल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here