जीराभवानी गाँवपालिका के गाँवसभा सम्पन्न, वडा नं १ द्वारा अस्वीकार, आन्दोलन के चेतावनी

59

ओमप्रकाश चौधरी

सेढवा, चैत ०९

पर्सा के जीराभवानी गाँवपालिका के प्रथम गाँव सभा के निति, कार्यक्रम अउरी बजेट सार्वजनिकिकरण कार्यक्रम सम्पन्न भईल बा। गाँवपालिका के वाड़ नं २ मे रहल ने.रा.मा.बि. सेढवा बिर्ता मे सम्पन्न कार्यक्रम मे गाँवपालिका के प्रमुख रामप्रित महतो द्वारा आर्थिक बर्ष २०७४/७५ के योजना सब सार्वजानिक भईल बा। सार्वजानिक योजना मे गुणस्तर शिक्षा खातिर कक्षा १ से ३ तक अंग्रेजी माध्यम मे शिक्षण करावे खातिर पाठ्यपुस्तक के व्यवस्था करेके जनईले रहनी।

योजना मे कृषि कार्य खातिर सिचाई के व्यवस्था, महिला अउरी बालबालिका खातिर पोषण के व्यवस्था, एम्बुलेन्स खरीद, एक्साभेटर खरिद, बृक्षारोपन, सडक संजाल के बिस्तार, सार्वजानिक सुनुवाई, सूचना अउरी संचार, ग्रीन भिलेज के अभियान, जीराभवानी उज्जयालो अभियान, कृषि प्रणाली मे सुधार, धार्मिक पर्यटकीय बिकास लगायत के कार्यक्रम रहल बा। कार्यक्रम मे गाँवपालिका के उपप्रमुख उषा चौधरीले २३ करोड ५७ लाख ११ हजार रुपैया के बजेट सार्वजानिक कईले बाड़ी। जेमे चालू तर्फ १२ करोड २६ लाख ११ हजार रुपैया बा त पूंजीगत तर्फ ११ करोड ३१ लाख रुपैया के बजेट सार्वजानिक कईल बा।

एने वाड़ नं २ के वाड़ध्याक्ष शेख नूमान आजम गाँव परिषद के निर्णय के बिरोध कईले बाड़न । आजम के मुताबिक सिमा बिकास कार्यक्रम अन्तर्गत के गाँवपालिका स्तरीय योजना मे उपप्रमुख उषा चौधरी द्वारा सम्पूर्ण योजना सब अपने गाँव मे लेगइल बाड़ी के आरोप बा।

भारत के सिमा से सटल गाँव के बिकास खातिर ई कार्यक्रम रहला पर भी सीमावर्ती गाँव मे कवनों योजना ना राखत चौधरी द्वारा आपन गाँव आ पकडी टोला मे ७३ लाख पचास हजार के योजना लेगइल क़हत वाड़ नं १ जनप्रतिनिधी द्वारा कार्यक्रम स्थल मे ही नाराबाजी करके आन्दोलन के चेतावनी समेत देहले बा लोग। कुछ देर बाद प्रहरी सब कोई के शान्त करईले रहे ।

कार्यक्रम मे शैक्षिक संस्था, स्वास्थ्य संस्था अउरी अन्य गैरसरकारी संस्था के प्रतिनिधि अउरी जनप्रतिनिधि लोग के उपस्थिति रहे। नेकपा एमाले के कार्यकर्ता बाहेक अन्य दल के प्रतिनिधि अउरी बुद्धीजिबी लोग के सहभागिता ना करावल गइल रहे। जिराभवानी गाँवपालिका के प्रमुख रामप्रीत महतो के सभापतित्व एवम स्थानिय बृद्ध देवनारायण राय थारु के प्रमुख आतिथ्य मे कार्यक्रम सम्पन्न भईल रहे ।

जीराभवानी गाँवपालिका के बिकास खातिर गुणस्तरीय शिक्षा लाए शिक्षा सुधार कईल मुख्य एजेण्डा रखल गईल बा । बाक़िर गाँवपालिकाका के आर्थिक बर्ष २०७४/७५ के गाँव परिषद अउरी बजेट सर्वाजानिकिकरण कार्यक्रम खातिर दुइ दिन बिद्यालय बन्द करावल गईल बा। बार्षिक परिक्षा लगे आवत बेर बिद्यालय मे बिद्यार्थी लोग के पठनपाठन अच्छा से होखे के जगह इहवा के जनप्रतिनिधी लोग से ही बिद्यालय ही बन्द करावल गईल बा।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here