The biggest Bhojpuri digital media of Nepal

जेठ २५ से छोटहन दूरी के सवारी साधान संचालन करे के प्रस्ताव

काठमाण्डू, २३ जेठ ।

कोभिड़-१९ सम्बन्धी उच्चस्तरीय समनव्य समिति कोरोना वायरस के १०० से कम सक्रिय केस भइल जिल्लन मे जेठ २५ गते से छोट दूरी के यात्री वाहक सवारी संचालन करे के प्रस्ताव कईले बा ।

समिति चरणबद्ध रूप से लकडाउन ढीला बनावे के योजना बनवले बा, जहा १०० से कम सक्रिय केस भइल जिल्लन मे जेठ २५ से जिल्ला के भीतरे आ सवारी साधन के क्षमता से आधा ही सवारी एक बेर मे राखे के हिसाब से छोट दूरी के सवारी साधन संचालन करे के प्रस्ताव कईल गईल बा ।

ओइसे ही आसार १ से सीट क्षमता के आधा संख्या मे सवारी राख़ के लामा दूरी के सवारी साधन संचालन करे के भी प्रस्ताव कईल गइल बा आ आसार १ गते से आधा सवारी ही चढ़ावे के हिसाब से हावाई सेवा भी संचालन करे के प्रस्ताव उच्चस्तरीय समिति तैयारी कईले बा ।

पर कोरोना संक्रमण से सय से बहुती सक्रिय केश भइल जिल्लन मे यी मापदंड लागू ना होई । साथे ही उच्चस्तरीय समिति के तैयार कईल यी प्रस्ताव के मन्त्रीपरिषद जब ले ना करी तब ले सार्वजनिक यातायात बन्द रही

उच्चस्तरीय समितिके प्रस्तावके मस्यौदा

प्रतिकृया
Loading...