जेल से छुटला साथ अपना बिरोध में साक्षी बइठल पड़ोसी ऊपर आक्रमण, पत्नी के मृत्यु पति घायल

 जेल से छुटला साथ अपना बिरोध में साक्षी बइठल पड़ोसी ऊपर आक्रमण, पत्नी के मृत्यु पति घायल

वीरगंज, १० कुवार ।

रौतहट में पडोसी के धारदार हतियार से आक्रमण कइला पर एक महिला के मृत्यु भईल बा आ उनकर पति गम्भीर घायल भईल बाड़े ।

देवाही गोनाही नगरपालिका ५ टिकुलिया टोला के महेश तिवारी आ उनकर पत्नी जगरानी देवी तिवारी ऊपर तीन जने के समूह में आईल पड़ोसी धारदर हतियार से आक्रमण कईला से जगरानी देवी के मृत्यु भईल बा।

शुक्रबार के रात घर में ही बइठल समय पति पत्नी ऊपर आक्रमण भईल रहे ।

तिवारी पतिपत्नी ऊपर स्थानीय बली मुखिया, सोनेलाल मुखिया आ प्रदीप मुखिया पहिले धम्की देहले आ ओकरे कुछ समय बाद दारू पी के आ के धारदर हतियार से आक्रमण कइले रौतहट के प्रहरी उपरीक्षक शिद्धीविक्रम शाह जानकारी देहले।

आक्रमण में घाइते भईल दुनु जने के इलाज खातिर वीरगञ्ज लियावल गईल आ इलाज के क्रम में एल एस न्युरो अस्पताल में जगरानी के मृत्यु हो गइल ।

गम्भीर घायल रहल महेश के भी अवस्था चिन्ताजनक रहल जानकारी प्राप्त भईल बा ।

हतियार प्रहार करेवाला बली मुखिया आ योजनाकार अजय मुखिया के रातिए ही गाउँ में लुकाइल अवस्था में पकड़ल गईल आ घटना में संलग्न रहल दोसर के खोजी हो रहल प्रहरी उपरीक्षक शाह जानकारी देहले।

शाहका अनुसार पकडाइल के विरुद्ध के मुद्धा में विपक्षी के तरफ़् से महेश तिवारी साक्षी बइठला के चलते उनका के जान से मारे के धमकी देहल गईल रहे ।

बली मुखिया सहित के व्यक्ति लोग जान मारे के उद्योग में अबगे धरौटी में रिहा भईल रहे लोग।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *