झापा मे सशस्त्र प्रहरी के गोली से एक जने के मृत्यु

 झापा मे सशस्त्र प्रहरी के गोली से एक जने के मृत्यु

झापा, १० भादो ।

झापा मे सशस्त्र प्रहरी के गोली लाग के एक जने के मृत्यु भइल बा । झापा जिल्ला के झापा गांवपालिका मे स्थानीय आ प्रहरी बीच तनातनी भइला पर स्थिति गम्भीर बनगइल आ सशस्त्र प्रहरी के गोली चलावे के पर गइल । प्रहरी के गोली लाग के एक जने के मृत्यु हो गइल ।

प्रहरी के गोली से स्थानीय ३८ साल के रसिकुल आलम के मृत्यु भइल सशस्त्र प्रहरी बल के डीआईजी राजू अर्याल जानकारी देहले । बैल काटे के आरोप मे प्रहरी द्वारा हिरासत मे लेहल २ जने के विर्तामोड के तरफ लियावत समय स्थानीय आ प्रहरी बीच झड़प भइल रहे ।

२ सय से भी बहूती भीड़ प्रहरी के ऊपर आक्रमण कइलख कहत सशस्त्र प्रहरी हवाई फायर कईले रहे जानकारी देहले रहे पर प्रहरी के चलावल गोली लाग के एक जने के मृत्यु भइल बा । अनलाइनखबर

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *