झूट्ठा खबर पर प्रहरी के बेवजह हस्तक्षेप से बेटी के शादी रुकल क़हत क्षतिपूर्ति के माँग

211

वीरगंज, ३१ असार ।
झुट्ठा खबर पर बेवजह प्रहरी हस्तक्षेप से बेटी के शादी रुकल के खिलाफ में प्रहरी ज्यादती विरुद्ध एतवार के लड़की पक्ष द्वारा पत्रकार सम्मेलन कईल गईल रहे ।

बितल २६ गते वीरगंज महानगरपालिका वडा नं. २२ मनियारी में उमेश यादव के बेटा अमरेन्द्र यादव के चतुरी यादव के बेटी संगे वियाह तय भईल रहे । चतुरी यादव प्रहरी जवान रहला से वियाह होखे से एक हप्ता अगाडी ही वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के प्रहरी निरिक्षक के आपन बेटी के वियाह में आवे खातिर नेवता देहले रहे ।

प्रहरी वियाह के दिने रात के ८ बजे लडका के बरात घर से निकल के लड़की के घरे परछावन होरहल समय पूगल रहे माकिर नेवता मे ना बाक़िर चतुरी यादव आ उनकर बेटी के गिरफ्त करे खातिर, ई बात आइतबार के लड़का के काका मुनेश यादव द्वारा पत्रकार सम्मेलन में कहलन ।

प्रहरी के बालवियाह होरहल झुट्ठा खबर हमरा सामाजिक अभियन्ता कहलावेवाला फटाहा एनजिओ कर्मी आ सत्ताधारी नेता द्वारा ओइसन आदेश देहल पोल खुलल बा । झुट्ठा सूचना के आधार मानके प्रहरी चतुरी यादव आ उनकर बेटिके जबर्जस्ती वियाह स्थल से गिरफ्तार करके हिरासत में राख्ले रहे आ बिहान भईला चिकित्सक के सिफारिस मुताबिक लड़की नाबालक नारहल प्रमाणित भईला बाद जाके बाबुबेटी दुनु के प्रहरी रिहा कईले रहे जेकर बाद मात्र वियाह पुनः सम्पन्न भईल रहे ।

मुनेश यादव वडा नं. २२ में नेपाली कांग्रेस के तर्फ से निर्वाचित नगरपरिषद सदस्य हवन । लड़का आ लड़की पक्ष भी उहे वार्ड के रहल आ प्रहरी द्वारा पञ्चायती शैली में व्यवहार प्रदर्शन करके हमनी के धन आ धर्म दुनु के क्षति पुगावल गईल मुनेश के आरोप बा ।

भविष्य में फटाहा नेता आ भ्रम के काम करेवाला एनजिओ भा फटहा सामाजिक अभिनता लोग के पिछा पड़ के प्रहरी द्वारा दोसर के इज्जत से खेलवाड आगे से ना होखों के मनसाय से पत्रकार सम्मेलन कईल गईल मुनेश के कहनाम रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here