झूठा विवरण पेश कर के नागरिकता बनावेवाला भारतिय नागरिक पक्राउ

215

 पोखरिया(पर्सा), २६ फागुन

पर्सा के धोबिनी गाँवपालिका के वाड़ नं. २ भिखमपुर से झुठा विवरण पेश करके नागरिकता बनावेवाला भारतिय नागरिक एक जना पक्राउ परल बा । भारत विहार पश्चिमी चम्पारण बेतिया के रहनियार दिनेश राउत कुर्मी पक्राव परल बाड़न ।

वाड़ कार्यालय के सिफारिस लेवे के क्रम मे विशेष सुराकी के अधार पर इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया द्वारा कुर्मी के पक्राउ कईल गईल बा । ससुराली मे रहत आईल कुर्मी सासु रम्भा देवी के नक्कली बेटा बनके नागरिकता लेवे खातिर वाड़ कार्यालय पहुचल रहलन । वाड़ कार्यालय मे वाड़ अध्यक्ष ललन प्रसाद कुर्मी किहा सिफारिस लेवे जाएके क्रम मे बिशेष सुराकी के अधार पर कुर्मी के पक्राउ कईल इलाका प्रहरी कार्यालय के प्रहरी निरिक्षक सुभाष बुढाथोकी द्वारा बतावल गईल बा ।  पक्राउ परल कुर्मीे भारतीय परिचय पत्र मोती राउत कुर्मी के नाम से लेहले बाड़न। कुर्मी के सासु रम्भा के भी  प्रहरीले पक्राव करके अनुसन्धान अगाडी बढ़ाइले बा ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here