ट्राईब्रेकर में वीरगंज के हरावत हिमालयन शेर्पा चहुपल विशाल गोल्ड कप के फ़ाइनल में

83

वीरगञ्ज, २ माघ ।

हिमालयन शेर्पा दुसरका विशाल समृति फुटबल प्रतियोगिता के फाईनलमा प्रवेश कईले बा। आजू बुध के भइल पहिलका सेमिफाईनल खेल में वीरगञ्ज ११ के ट्राईब्रेकर में हरावत हिमालयन शेर्पा फाइनल में चहुपल बा ।

शुरुवाती हाफ में गोल बिना ही बराबरी पर खेल रहे माकिर दुसरका हाफ के ११ वां मिनेट में विदेशी खेलाडी काजिम भुसारी द्वारा गोल कईला के बाद वीरगञ्ज ११ शुरुवाती अग्रता मिलल रहे । खेल के इन्जुरी समय में हिमालयन शेर्पा द्वारा गोल कईला बाद खेल बराबरी पर आईल रहे ।

ट्राईब्रेकर में वीरगञ्ज के दु गो खेलाडी द्वारा मारल बल के हिमालयन शेर्पा के किपर किशोर गिरी रोकला बाद शेर्पा के टिम जित सुनिश्चित भइल रहे । वीरगञ्ज के कप्तान कृष्ण शाक्य, शिसस थापा, कृपाकान्त चौधरी द्वारा गोल कईले रहे त अनुज सिंह आ रञ्जय चौधरी द्वारा मारल बल हिमालयन के किपर गिरी के उत्कृष्ट बचाव देखे के मिलल ।

हिमालयन के तर्फ से विजय श्रेष्ठ, विदेशी खेलाडी विलिक सिवी, प्याट्रिक पिगोभा, रवी थापा गोल करे में सफल भईल रहे त विश्वास श्रेष्ठ आपन बल के पोष्ट बाहर मरले रहे । वीरगञ्ज ११ के कृष्ण कार्की म्यान अफ दी म्याच घोषित भईले।

बिहान बियफे के दुसरका सेमिफाईनल खेल झापा ११ अउरी नेपाल आर्मी के बिच होखी । बिहान के विजेता से हिमालयन शेर्पा प्रतियोगिता के उपाधी खातिर माघ ५ गते फाइनल खेल खेली ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here