ट्राफिक नियम उल्लंघन करेवाला ११८ मोटरसाइकल चालक के कारवाही ।

139

राजेश अभिराज यादव

लहान, चैत ०३

सिरहा के लहान ट्राफिक प्रहरी एके दिन मे ट्राफिक नियम उल्लंघन करेवाला ११८ मोटरसाइकल चालक पर कारवाही कइले बा। मोटरसाइकल दुर्घटना कम करे खातिर ट्राफिक प्रहरी द्वारा करल गइल चेक जाँच मे नियम उल्लंघन करके चलारहल मोटरसाइकल कारवाही मे परल बा ।

शूकर के लहान एरिया मे बिना हेलमेट चलारहल ३०, दुई जने से जादा चढ़ल १० आ ब्लुबुक, सवारी चालक अनुमतिपत्र ना रहल ७८ गो मोटरसाइकल नियन्त्रण मे लेके कारवाही कईल गईल जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय लहान के प्रमुख प्रहरी निरीक्षक रुद्रप्रसाद चुडाल बतईनि। चुडाल के मुताबिक कारवाही कईल मोटरसाइकल मालिक से जुर्माना स्वरुप ७१ हजार ५०० रुपिया राजस्व संकलन भईल बा।

जिल्ला ट्राफिक प्रहरी कार्यालय लहान के तथ्यांक मुताबिक दुर्घटना होखेवाला सवारी साधन मे मोटरसाइकल जादा रहल बा। चालु आर्थिक वर्ष के सावन से फागुन तक के अवधि मे भईल २४२ सवारी दुर्घटना मेसे १४७ गो मोटरसाइकल दुर्घटना रहल बा। उक्त अवधि भितर ट्राफिक नियम उल्लंघन मे परल १८ हजार १५० सवारी साधन मेसे १० हजार १९७ गो मोटरसाइकल रहल तथ्यांक बा।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here