ठण्डी के आड़ में रौतहट में बढल तस्करी

108
rautahat me taskari

अमित ठाकुर।रौतहट। माघ १५

ठंण्डा के मौका ताक के तस्करसब रौतहट जिल्ला में अवैध तस्करी फेर से सुरु होगइल बा । जिल्ला प्रहरी कार्जालय रौतहट आ शस्त्र प्रहरी बल के सिविल प्रहरी नाका में कडाई करेके कहला बाद भी नाका से ठंण्डा के मौका ताक के धमाधम तस्करी होरहल बा । चौकी के ईन्चार्ज आ सिविल प्रहरी से कवनो वास्ता ही ना कइला के कारण व्यापक रुपमें तस्करी होरहल स्थानीय वासी जनवले बा ।

तस्करसब सीमावर्ती भारतीय बाजार से भारी परिमाण में समानसब खरिद करके तस्करसब लक्ष्मीपुर, बेलबिक्षवा, महादेवपटी बंजरहा नाका होखत पुलिस के निगरानी में खुलेआम भारतीय समानसब हार्डवेयर, स्टिल, खाद, किराना के समानसब भन्सार छलके नेपाल में लेआवेके काम होरहल बा त लुका-छिपाके लेआवल सामानसब पुलिस के ही संरक्षण में रौतहट के बहुते बजार तक तस्करसब पहुचावल करेला ।

रौतहट के नेपाल प्रहरी, सशस्त्र प्रहरी आ भन्सार के कर्मचारी सभन के निगरानी में ही अवैध तस्करी होरहल नाम गुप्त राखे के शर्त में एक स्थानिय कारोबारी बतवलन । तस्करी के काम में जुड़ल तस्कर भारत के सिमाना में बैठल पुलिस आ चौकी के पुलिस के मिलापतर में तस्कर अवैध कारोबार करहल बाड़न । भन्सार से सामान सब कमिसन के भरोसा में लुका-छिपाके लेअइला वापत आर्थिक नजराना देवेके आ ओकरा के कवनो रोकटोक ना करेके स्थानिय वासी के सिकाइत बा ।

एहितरे रौतहट जिल्ला के महादेवपट्टी, लक्ष्मीपुर बेलबिक्षवा, बंजरहा नाका से खुलेआम रात के समय में बिहार में प्रतिबन्धित रहल दारु तस्करी होरहल बा । माकिर पुलिस मुखदर्शक बनके बइठल बा त स्थानीय तस्करसब सिविल प्रहरीसंगे आन्त्रिक संबन्ध राखके भारतीय आदमीसंगे धमाधम तस्करी करारहल एक जने कारोबारी जनवले बाड़न ।

एहितरे बंजरहा, औरैया, बंकुल, मोतीपुर, नरकटीया, लतमडी किराना के समान आ हार्डवेयर के समानसब के भी तस्करी होरहल स्थानीय जनवले बा । कावनो भी नाका से तस्करी भइला बाद ओतही के पुलिस के कारवाहि करेला कहलाबाद भी प्रहरी प्रमुख मुखदर्शक बन के बईठल बा । ई बिषय में सिडिओ लोककनाथ पौडेल संगे ई विषय में मोबाइल पर बात करेके खोजला बाद सबेरे ११:४८ बजे उन्कर मोबाइल अफ रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here