ठाकुर राम क्याम्पस बीरगंज के बिश्व बिद्यालय बनावे के मांग करत शिक्षा मन्त्री पोखरेल के ज्ञापन

258

वीरगंज, ६ बैशाख ।
ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस वीरगंज के प्रदेश नं. २ के पहिलका बिश्व बिद्यालय बनावे के मांग करत अखिल क्रान्तिकारी पर्सा आजु शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधि मन्त्री गिरीराजमणी पोखरेल के ज्ञापन पत्र बुझावले बा । लक्षित बालबालिका भर्ना, अभिभावकत्व ग्रहण आ पाठ्य पुस्तक वितरण कार्यक्रम के सुरवात करे वीरगंज पुगल मन्त्री पोखरेल के माओबादी केन्द्र निकट के ही बिद्यार्थी संगठन अखिल क्रान्तिकारी पर्सा ज्ञापन पत्र बुझावलख ।

अखिल क्रान्तिकारी के केन्द्रिय सदस्य पर्सा इन्जार्ज समेत रहल शिवम साह, केन्द्रिय सदस्य इशक कुमार, जुवैर आलम द्वारा हस्ताक्षरित ज्ञापन पत्र मन्त्री पोखरेल होटल हिमाल बाइपास, बीरगंज मे रहल समय ओहीजान पुगल बिद्यार्थी सब एगो समुह ज्ञापन पत्र बुझावलख ।

ज्ञापन पत्र बुझावे पुगल बिद्यार्थी नेता लोग देश के आर्थिक आ औधोगिक नगरी के रुप मे रहल वीरगंज मे बिश्व बिद्यालय अत्यन्त जरुरी रहल मन्त्री पोखरेल के बतइलख लोग । ज्ञापन पत्र बुझत मन्त्री पोखरेल बिश्व बिद्यालय खातिर आपना से पहल करेके आश्वासन देहनी ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here