ठाकुर राम क्याम्पस मे तोड़फोड़, आगलगी के साथे आन्दोलनरत बिधार्थीयन द्वारा तालाबन्दी

    769

    वीरगंज, १७ भादो ।

    वीरगंज मे रहल ठाकुरराम बहुमुखी क्याम्पस मे विधार्थी संगठन तोडफोड के साथ साथे आगलगी भी कईले बा लोग । क्याम्पस मे अध्यन्न, अध्यापन आ परीक्षा केंद्र के बिषय ले के आन्दोलन मे उतरल बिधार्थी संगठन सब क्याम्पस मे बिरोध प्रदर्शन करत तोड़फोड़ आ आगलगी कईले बा लोग ।

    समाजवादी बिधार्थी यूनियन, राष्ट्रीय बिधार्थी संघ आ नेपाल बिधार्थी संघ से आबद्ध बिधार्थी लोग क्याम्पस मे अध्यन्न, अध्यापन मे अनियमितता, लाइब्रेरी के समस्या, भौतिक पूर्वाधार, बिकास मे भ्रष्टाचार आ परीक्षा केन्द्र दोसर जगह लेगईल के बिषय ले के मंगर के दिने सबेरे से ही क्याम्पस के आगा बिरोध प्रदर्शन कईले रहे लोग ।

    क्यामस प्रशासन आ बिधार्थी संगठन के बीच के असफल बतकही के बाद खिसियाइल बिधार्थी लोग क्याम्पस मे तोड़फोड़ के साथ साथे आगलगी आ क्याम्पस के हरेक शाखा मे तालाबंदी भी कईले बा लोग ।

    क्याम्पस प्रशासन बिधार्थी के भविष्य से खेलवाड़ कर रहल आरोप लगावत बिधार्थी संगठन तोड़फोड़ आ आगलगी कईलख समाजवादी बिधार्थी यूनियन के ठाराब एकाई उपाध्यक्ष शशिकान्त सर्राफ बतवले । क्याम्पस प्रशासन हजारो बिधार्थीयन के भबीष्य से खेलवाड़ कर रहल बा, क्याम्पस मे पढ़ाई के स्तर घट के सून्य मे गिरआइल बा सर्राफ कहले एकरा वावजूद भी क्याम्पस प्रशासन के कौनों मतलब नईखे ।

    क्याम्पस प्रशासन बिधार्थी संगठन से बिना कौनों बतकही कईले परीक्षा केन्द्र दोसर जगह बदल दहले बा यी बिषय ले के भी बिधार्थी लोग खिसियाइल बा बतवले । क्याम्पसमे अनियमितता बा, नियमित कक्षा संचालन ना होला सर्राफ कहले, एकरा बाद भी क्याम्पस प्रशासन बिधार्थी संगठन से बिना कौनों सरसल्लाह के परीक्षा केन्द्र बदल दहले बा एही से खिसियाइल बिधार्थी सब तोड़फोड़ आ आगलगी पर उतारू हो गईल ।

    सर्राफ क्याम्पस प्रशासन के पूरे शाखा मे हमनी ताला लगादेहले बानी बतवले । उ क्याम्पस प्रशासन बिधार्थी के मांग जब ले पूरा ना करी तब ले ताला ना खोलल जाई जानकारी करवले । आन्दोलन मे समाजवादी बिधार्थी के यूनियन एकाई अध्यक्ष हरीन्द्र साह, सदस्य शेख रहमान, आबिद हुसेन, सरफाज आलम, आयुष बरनवाल, राष्ट्रीय बिधार्थी संगठन ठाराब के अध्यक्ष अमित यादव, अनीश कुशवाहा,विवेक झा सगीर आली, नेपाल बिधार्थी संघ के मुनराज तिवारी समेत के उपस्थिती रहे ।

    advertisement

    राउर टिप्पणी

    राउर टिप्पणी लिखी
    Please enter your name here