ठाकुर राम क्याम्पस से २ गो बिद्यार्थी नेता पक्राउ, अबिलम्ब रिहाइ के मांग

472

बीरगंज, १५ चैत /
ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस बीरगंज से आज २ गो बिद्यार्थी नेता के प्रहरी पक्राउक कइले बा । अखिल क्रान्तिकारी के ठा.रा.ब. क्याम्पस इकाई समिति के अध्यक्ष संदिप बिक्रम साह आ नेवि संघ के बिद्यार्थी नेता मनोज साह के बिना कारण प्रहरी पक्राउ कइलख अखिल क्रान्तिकारी के पर्सा संयोजक मित्रदेव यादव बतइलन ।
शिक्षक, प्रहरी आ बिद्यार्थी नेता बिच बादविदा भइला पर वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता से डियुटी मे खटल प्रहरी बिद्यार्थी नेता लोग के पक्राउ कइलख यादव बतइनी । बिना कारण क्याम्प परिषर से ही बिद्यार्थी नेता के प्रहरी पक्राउ कइला के चल्ते अबिलम्ब बिना शर्त रिहा करे के मांग समेत यादव कइनी ।
अहीसही अखिल क्रान्तिकारी के केन्द्रिय सदस्य इशक कुमार भी आपन बीरगंज डटकम से बात करत घटना के घोर भ्रत्रसना साथे अबिलम्ब बिद्यार्थी नेता लोग के रिहाइ के मांग कइलन ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here