ठाकुर राम पिरिमियर लिग क्रिकेट मैच के बिजेता मास्टर घोषित, उप बिजेता बि.बि.एस.

198

वीरगंज, २७ चइत ।
ठाकुर राम पिरिमियर लिग (टि.पि.एल) क्रिकेट मैच मास्टर जितेले बा । मास्टर आ बि.बि.एस. बिच आजु भइल टिपिएल प्रतियोगिता के अन्तिम फाइनल खेल ३३ रन से मास्टर जितलख । टच जितके बैटीङ रोजत मास्टर २० ओभर खेलत २ सय ११ के टारजेट बिबिएस के देले रहे । जवाफी बैटीङ मे उतरल बिबिएस पुरा २० ओभर खेल्त ८ बिकेट के नोक्सानी मे १ सय ७८ रन मात्र बनाव सकला पर मास्टर मैच जिते सफल भइल बिद्यार्थी नेता शिवम साह बतइनी ।
एही बिच प्रतियोगिता के बिजेता सब के एक कार्यक्रम बिच पुरस्कार समेत बितरण भइल साह बतइनी । कार्यक्रम के प्रमुख अतिथी ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस बीरगंज के प्रमुख प्रमोद कुशवा, अतिथी सहायक प्रमुख हरिराज यादव, रोशन लामिक्षाने, कार्यक्रम संयोजक हरिलाल यादव से बिजेता आ उप बिजेता के पुरस्कृत कइल गइल । कार्यक्रम मे बेस्ट बवलर के उपाधी शिवम साह, बेस्ट ब्याट मैन के उपाधी रितेश सरावगी, मैन अफ द सेरिज के उपाधी हसरत अली अंसारी के देहल गइल रहे ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here