ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस वीरगंज के पूर्व बिधार्थियन द्वारा १५ साल बाद पुनर्मिलन कार्यक्रम

359

वीरगंज, ०६ पुष ।

ठाकुरराम बहूमुखी क्याम्पस वीरगंज के पूर्वबिधार्थियन द्वारा बितल पुष ४ आ ५ गते चितवन के सौरहा मे पुनर्मिलन कार्यक्रम चितवन के सौरहा मे पूरा भईल ।

“OLDIES MEET SAURAHA-2076” नाम देहल गईल दु दिन के यी कार्यक्रम मे १५ साल पहिले स्नातक अध्यन्न पूरा कईल बिधार्थीयन के सहभागिता रहे । काठमाण्डू, चितवन, हेठौड़ा, वीरगंज, जनकपुर आ रौतहट के गरुड़ा समेत अनेकन जगहन से पूर्व बिधार्थीयन के सहभागिता से यी पुनर्मिलन कार्यक्रम के सफलता के साथ पूरा कईल गईल ।

ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस (BBS-२०५९-२०६१) बैच के पूर्व बिधार्थी चितवन निवासी बुद्धि प्रसाद अधिकारी के संयोजन मे भब्यता के साथे पूरा भईल यी कार्यक्रम मे एगो तदर्थ समिति भी निर्माण कईल गईल । समिति के अध्यक्ष बुद्धि प्रसाद अधिकारी, उपाध्यक्ष मे रोशन खनाल, सचिव मे शिव नाथ साह, कोषाध्यक्ष मे नरेश गुप्ता, सदस्य मे मिथिलेश कर्ण, रोमा थापा, सुनील कुमार पटेल, सुलभ श्रेष्ठ, बेनी सोराली, रंजीत कुमार यादव, अशोक कुमार कुशवाहा रहल बा लोग ।

बिधार्थी जीवन के १५ साल बाद यी कार्यक्रम मे भेंट भईल हरेक बिधार्थी लोग आपन आपन जीवन के संघर्षमय यात्रा के अनुभाव एक दोसरा से साझा कईले लोग । यीहे बिधार्थी लोग मे से पिएचडी अध्यन्न पूरा कईले डा. राहुल झा के सभे संघतिया लोग मिल के सम्मान भी कईले रहे ।

ठाकुर राम बहुमुखी क्याम्पस से अध्यन्न पूरा कर के अभी अनेकन पेशा आ ब्यावशाय मे लागल सारा पूर्व बिधार्थी लोग के समेट के आर्थिक स्थिति के कारण उच्च शिक्षा हासिल करे ना सकल बिधार्थियन के हित मे काम करे खातिर राष्ट्रीय स्तर के संस्था के रूप मे बिकास करे के लक्ष्य रहल बा संयोजक बुद्दि प्रसाद अधिकारी जानकारी करवले ।

advertisement

राउर टिप्पणी

राउर टिप्पणी लिखी
Please enter your name here